Yash Dayal Bail Rejected : यश दयाल के जमानत अर्जी खारिज, पॉक्सो कोर्ट के सख्ती; यौन शोषण से जुड़ल बा मामला

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 25, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। क्रिकेटर यश दयाल के मुश्किल बढ़ गइल बा। जयपुर के एगो विशेष पॉक्सो अदालत बुध के नाबालिग से कथित यौन शोषण के ममिला में यश दयाल के अग्रिम जमानत अर्जी खारिज कs देलस।

Share

Cricketer Yash Dayal during a match amid news of bail rejection by Jaipur POCSO court in sexual assault case

स्पोर्ट्स डेस्क। क्रिकेटर यश दयाल के मुश्किल बढ़ गइल बा। जयपुर के एगो विशेष पॉक्सो अदालत बुध के नाबालिग से कथित यौन शोषण के ममिला में यश दयाल के अग्रिम जमानत अर्जी खारिज कs देलस। कोर्ट के कहनाम बा कि ममिला बहुते गंभीर आरोप से जुड़ल बा आ एह स्तर पs आरोपी के गिरफ्तारी से राहत दिहल ठीक ना होई। एह फैसला के बाद यश दयाल के गिरफ्तारी कभियो हो सकत बा।

विशेष पॉक्सो न्यायालय संख्या-3 के न्यायाधीश अलका बंसल अपना आदेस में कहलीं कि पीड़िता के बयान, उपलब्ध साक्ष्य आ ममिला के हालात देखत जांच से पहिले आरोपी के सुरक्षा दिहल उचित नइखे। अदालत साफ शब्दन में कहलस कि नाबालिग से जुड़ल ममिलन में खास सतर्कता आ संवेदनशीलता जरूरी होला।

सांगानेर सदर थाना में दर्ज बा केस

ई पूरा ममिजा जयपुर के एगो लईकी के ओर से सांगानेर सदर थाना में दर्ज करावल शिकायत से जुड़ल बा। पीड़िता के आरोप बा कि यश दयाल ओकर क्रिकेट करियर बनावे में मदद करे के झांसा देके लमहर समय तक यौन शोषण कइलें। शिकायतकर्ता के कहनाम बा कि दयाल खुद के प्रभावशाली क्रिकेटर बताके ओकरा के भावनात्मक रूप से प्रभावित कइलें आ क्रिकेट से जुड़ल मौका आ भविष्य में सहजोग के भरोसा देलें।

शिकायत में ईहो आरोप बा कि जवन कथित अपराध भइल, ओह समय लड़की नाबालिग रहे। बाद में जब पीड़िता आरोपी से सवाल पूछलस तs ओकरा के धमकी दिहल गइल आ संपर्क तुड़े के कोसिस भइल। एह सब से परेसान होके आखिरकार लईकी पुलिस के शरण में गइल आ औपचारिक शिकायत दर्ज करवलस।

दयाल के वकील बोललें-आरोप झूठा बा

सुनवाई के दौरान यश दयाल के वकील दावा कइलें कि पीड़िता के लगावल सब आरोप झूठा बा। बचाव पक्ष के कहनाम रहे कि संबंध आपसी सहमति से रहे आ दयाल जांच में पूरा सहजोग करे खातिर तइयार बाड़ें। हालांकि कोर्ट बचाव पक्ष के दलील माने से इनकार कs देलस।

आरसीबी के फैसला पs उठ रहल बा सवाल

एह बीच रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के ओर से यश दयाल के आईपीएल 2026 सीजन खातिर टीम में बनावल रखला के फैसला पs चारो ओर आलोचना हो रहल बा। लोग सवाल उठा रहल बा कि जब खिलाड़ी दुगो गंभीर आपराधिक ममिलन में घेराइल बा, जवना में एगो मामला पॉक्सो एक्ट से जुड़ल बा, तs फ्रेंचाइजी ओकरा के रिटेन काहे कइलस।

बतावल जा रहल बा कि यश दयाल आईपीएल 2025 फाइनल के बाद से कवनो प्रतिस्पर्धी क्रिकेट नइखन खेलले। अगस्त 2025 में उत्तर प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन आरोपन के गंभीरता के देखत दयाल के यूपी टी20 लीग से निलंबित कs देले रहे।

Read Also: Atal Canteen : आज से दिल्ली में सुरू हो रहल बा 100 गो नया अटल कैंटीन, अब खाली 5 रुपिया में मिली भरपेट खाना

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.