Pakistan News : इस्लामाबाद कोर्ट के लगे आत्मघाती हमला, 12 लोगन के मौत आ कइयन लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2025

नई दिल्ली। पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद में भयानक धमाका देखे के मिलल बा। एह घटना में 12 लोगन के मौत हो गइल आ 21 लोग घायल बा। ई धमाका इस्लामाबाद में अदालत के ठीक सामने

Share

Islamabad Court Suicide Attack: 12 People Killed and Several Injured in Deadly Blast in Pakistan

नई दिल्ली। पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद में भयानक धमाका देखे के मिलल बा। एह घटना में 12 लोगन के मौत हो गइल आ 21 लोग घायल बा। ई धमाका इस्लामाबाद में अदालत के ठीक सामने भइल। ओहिजा, धमाका के वजह अभी तक सामने नइखे आइल।

जियो टीवी के रिपोर्ट के अनुसार, ई एगो आत्मघाती हमला रहे। इस्लामाबाद में कोर्ट के बाहर खड़ा कार में अचानक ब्लास्ट हो गइल। एह घटना में 12 लोगन के मौके पs मौत हो गइल आ 21 लोग घायल बा। सब घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

कोर्ट खाली करवावल गइल

घायलन में जादेतर वकील आ याचिकाकर्ता सामिल बा लोग। धमाका के बाद पूरा कोर्ट में अफरा-तफरी मच गइल। पुलिस कोर्ट परिसर के फौरन खाली करवलस। कोर्ट में मौजूद लोगन के पीछे के दरवाजा से बाहर निकालल गइल। ओहिजा, अदालत के सारा कार्यवाहियन के रोक दिहल गइल।

कइयन गो बड़ अधिकारी कइल लोग दौरा

धमाका के सूचना मिलतही इस्लामाबाद के डीआईजी, चीफ कमिश्नर आ फॉरेंसिक टीम मौका पs पहुंचलें। बचाव टीम घायलन के अस्पताल में भर्ती कइले बिया, जहां ओकर इलाज चल रहल बा। एह घटना के बाद इस्लामाबाद के पिम्स अस्पताल में इमरजेंसी घोषित कs दिहल गइल बा। पुलिस एह हमला के जांच कs रहल बिया।

Read Also: Sanju Samson Net Worth : संजू सैमसन के जनमदिन पs खास रिपोर्ट; नेटवर्थ से लेके सैलरी तक सब जानीं 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.