Vijay Hazare Trophy : वैभव के रिकॉर्ड एको घंटा ना टिक सकल : विजय हजारे में बिहारी बल्लेबाजन के धमाल, गनी 32 तs किशन 33 गेना में ठोकलें शतक

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। विजय हजारे ट्रॉफी 2025 के पहिला दिन माने 24 दिसंबर भारतीय घरेलू क्रिकेट के इतिहास में बहुत दिन तक इयाद रखल जाई। एह दिन तीन गो बिहारी खिलाड़ियन के जबरदस्त जलवा देखे के मिलल

Share

Bihari cricketers Sakibul Gani, Vaibhav Suryavanshi and Ishan Kishan celebrating record centuries in Vijay Hazare Trophy 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। विजय हजारे ट्रॉफी 2025 के पहिला दिन माने 24 दिसंबर भारतीय घरेलू क्रिकेट के इतिहास में बहुत दिन तक इयाद रखल जाई। एह दिन तीन गो बिहारी खिलाड़ियन के जबरदस्त जलवा देखे के मिलल आ कुछे घंटा के भीतर एक के बाद एक कइयन गो रिकॉर्ड टूट गइल। एके दिन वैभव सूर्यवंशी, सकीबुल गनी आ ईशान किशन के बल्ला से निकलल पारी विजय हजारे ट्रॉफी के रिकॉर्डन के अखाड़ा बना दिहलस। सकीबुल गनी बिहार टीम के कप्तान बाड़ें, वैभव बिहार के ओपनर बाड़ें, जबकि ईशान किशन झारखंड से खेलत बाड़ें, बाकिर उनकर परिवार बिहार में रहे ला आ ऊ खुदो बिहारी बाड़ें।

वैभव के बाद गनी के तूफान

सबसे पहिले 14 बरिस के वैभव सूर्यवंशी अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ 36 गेना में शतक जड़ के विजय हजारे ट्रॉफी आ लिस्ट-ए क्रिकेट में सबसे तेज शतक लगावे वाला दूसरका भारतीय बनलें। बाकिर उनकर ई रिकॉर्ड एक घंटा तक ना टिक सकल। बिहार के कप्तान सकीबुल गनी ओही मैच में आउर तेज बल्लेबाजी करत खाली 32 गेना में शतक ठोक देले आ लिस्ट-ए क्रिकेट में कवनो भारतीय के सबसे तेज शतक के रिकॉर्ड अपना नामे कs लेलें।

गनी के बैट से चौका-छक्का के बरसात

अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ एह मुकाबला में बिहार पहिले बल्लेबाजी करत अइसन तूफान मचवलस कि विपक्षी गेंदबाजन के राेक पावल नामुमकिन हो गइल। बिहार 50 ओवर में 6 विकेट पs 574 रन बना देलस, जवन लिस्ट-ए क्रिकेट के इतिहास में अब तक के सबसे बड़ टीम स्कोर हs। एह ऐतिहासिक पारी के नेव वैभव सूर्यवंशी रखलें, जवन 84 गेना पs 190 रन ठोकलें। एह पारी में 16 चौका आ 15 छक्का सामिल रहे। उनका संगे आयुष लोहुरुका 56 गेना में 116 रन बनवलें, जबकि पियूष सिंह 77 रन के जोगदान देलें।

हालांकि, मैच के सबसे बड़ आकर्षण कप्तान सकीबुल गनी रहलें। गनी खाली 40 गेना पs नाबाद 128 रन बनवलें आ 32 गेना में शतक पूरा करत वैभव के रिकॉर्ड तुड़ देलें। गनी के पारी में 10 चौका आ 12 छक्का सामिल रहे। एह तरे 574 रन लिस्ट-ए क्रिकेट के अब तक के सबसे बड़ा स्कोर बन गइल। एकरा पहिले ई रिकॉर्ड तमिलनाडु के नामे रहे, जवन 2022 में अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ 2 विकेट पर 506 रन बनवले रहे।

ईशान किशन के जबरदस्त जलवा

एही बीच विजय हजारे ट्रॉफी के एगो आउर मुकाबला में झारखंड आ कर्नाटक के बीच खेलल गइल मैच रिकॉर्ड बुक में दर्ज हो गइल। झारखंड के कप्तान ईशान किशन कर्नाटक के खिलाफ विस्फोटक अंदाज में बल्लेबाजी करत खाली 33 गेना में शतक जड़ देलें। ईशान के ई पारी भारतीय घरेलू क्रिकेट के अब तक के सबसे तेज पारियन में सामिल हो गइल। ऊ 39 गेना पs 125 रन बनवलें, जवना में 14 छक्का आ 7 चौका सामिल रहे। एह धमाकेदार बल्लेबाजी के दम पs झारखंड 50 ओवर में 9 विकेट पs 412 रन बनवलस। एह शतक के संगे ईशान किशन लिस्ट-ए क्रिकेट में कवनो भारतीय के ओर से लगावल गइल दूसरका सबसे तेज शतक अपना नामे कs लेलें।

एह तरह विजय हजारे ट्रॉफी 2025 के पहिला दिन बिहारी बल्लेबाजन के नाम हो गइल, जवन क्रिकेट इतिहास में सुनहरा अक्षरन में लिखाइल जाई।

Read Also: Prayagraj News : ‘हमार ड्यूटी खतम हो गइल बा’… नाराज लोको पायलट के मालगाड़ी चलावे से कइलस इनकार, स्टेशन पs भइल हाईवोल्टेज ड्रामा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.