[the_ad_group id="30365"]

एशिया कप हॉकी में हार गइल टीम इंडिया, डिफेंडिंग चैंपियन के 5-2 से हरा दिहलस जापान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया कप हॉकी टूर्नामेंट में डिफेंडिंग चैंपियन भारत के कड़ा हार के सामना करे के पड़ल बा. उनुका के 17वां रैंकिंग के टीम जापान से 5-2 के अंतर से हरा दिहलस. अब अगिला दौर में जाए खातिर ओकरा इंडोनेशिया पर बड़हन जीत दर्ज करे के पड़ी. टीम आपन अगिला मैच गुरुवार 26 मई के साँझ 5:00 बजे से खेली।
दिग्गज बीरेंद्र लकरा के कप्तानी में खेलत भारतीय टीम मंगल का दिने जकार्ता में रक्षात्मक शुरुआत कइलस. पहिला क्वार्टर में कवनो गोल ना भइल.

किन नागयोशी के बढ़त रहे

दुसरका क्वार्टर के 23वां मिनट में किन नागयोशी पेनाल्टी एडवांटेज कर के जापान 1-0 से बढ़त बना लिहलन. एह क्वार्टर में ई एकमात्र गोल भइल रहे. मैच के तीसरा क्वार्टर भी जापान के नाम पर बनल रहल। उनुका खातिर कावाबे कोसाई 39वां मिनट में फील्ड गोल से बढ़त दुगुना कर दिहलन. एही बीच टीम इंडिया कई बेर वापसी के कोशिश कइलसि. बाकिर ई सफलता 44वां मिनट में मिलल. जब पवन राजभर फील्ड गोल कइले।

कार्ड से वापसी के उम्मीद चकनाचूर हो गईल

मैच के आखिरी क्वार्टर पूरा तरह से जापान के नाम पर रहल. ओका रोमा 48वां मिनट में फील्ड गोल कर के स्कोर 3-1 कर दिहलन. ठीक अगिला मिनट में उत्तम सिंह शानदार गोल कर के स्कोर 3-2 कs दिहलन आ वापसी के उमेद बढ़ा दिहलन. लेकिन, 51वां मिनट में पवन राजभर के ग्रीन मिलल अवुरी 53वां मिनट में सेलवाम के पीला कार्ड मिलल। कार्ड मिलला के तुरंत बाद 53वां मिनट में कोजी यामासाकी गोल कईले। फेर 55वां मिनट में कावाबे कोसाई आपन दुसरका आ टीम के पाँचवा गोल कर दिहलन. एह गोल का बाद भारतीयन के कंधा बंद हो गइल. हालांकि जबले हूटर ना बजल तबले लवटे के कोशिश जारी रहल. लेकिन, स्कोर लाइन में कवनो बदलाव ना भईल।

हॉकी इंडिया एह युवा लोग के आजमा के देखल

एह टूर्नामेंट में हॉकी इंडिया आपन बेंच ताकत के परखे के फैसला कइले बा. इहे कारण बा कि टोक्यो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता टीम के बहुते सितारा एशिया कप खेले वाली टीम के हिस्सा नइखन बाकिर युवा लोग के आजमावे का फेर में हॉकी इंडिया ई खिताब ना गँवा पवलसि.

पाकिस्तान इंडोनेशिया के 13-0 से हरा दिहलस

एहसे पहिले पाकिस्तान इंडोनेशिया पर 13-0 से जीत पक्का कर लिहले रहुवे. जबकि मलेशिया कोरिया के 5-4 से हरा दिहलसि. एगो अउरी मैच में बांग्लादेश ओमान के 2-1 से हरा दिहलसि.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]