एशिया कप में भारत-पाकिस्तान मैच ड्रॉ: आखिरी 70 सेकेंड में पाक टीम दगलस गोल, कार्ति सेल्वम टीम इंडिया ला एकमात्र गोल कइले

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

एशिया कप हॉकी टूर्नामेंट में आज भारत के सामना पाकिस्तान से भइल आ मैच 1-1 के बराबरी पs खत्म भइल। मैच के आखिरी 70 सेकेंड में पाकिस्तान शानदार खेल दिखावत गोल दाग देलस। टीम इंडिया

Share

एशिया कप हॉकी टूर्नामेंट में आज भारत के सामना पाकिस्तान से भइल आ मैच 1-1 के बराबरी पs खत्म भइल। मैच के आखिरी 70 सेकेंड में पाकिस्तान शानदार खेल दिखावत गोल दाग देलस। टीम इंडिया खातिर एकमात्र गोल कार्ति सेल्वम कइले। टीम इंडिया पहिले 2 पेनाल्टी कॉर्नर गंववलस, बाकिर तीसरा पेनाल्टी कॉर्नर के 9वां मिनट में गोल कs देलस।

 

एशियन चैंपियस ट्रॉफी में भारत ने देले रहे पाकिस्तान के मात

एकरा पहिले 21 दिसंबर 2021 के खेलल गइल एशियन चैंपियंस ट्रॉफी में टीम इंडिया पाकिस्तान के 4-3 से हरवले रहे। बीरेंद्र लाकड़ा के अगुवाई में टीम इंडिया चैंपियनशिप में जीत से शुरुआत कइले बिया। भारतीय टीम ई टूर्नामेंट जीते के सबसे फेवरेट मानल जा रहल बा।

दुनों के नावे बा तीन-तीन खिताब

एह टूर्नामेंट के खिताब जीते के ममिला में भारत आ पाकिस्तान बराबरी पs बा। दुनों के नावे तीन-तीन खिताब बा। भारत 2003, 2007, 2017 के खिताब जीतले बा। जबकि 1982, 1985, 1989, 1994, 2013 में फाइनल मैच गववले बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.