Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चेन्नई पहुंचलें कोहली: कप्तान रोहित, बुमराह, राहुल आ पंत लउकल लो; 19 सितंबर से बांग्लादेश से बा मुकाबला

323
Google Ads 300*250 for posts

अनुभवी बल्लेबाज विराट कोहली बांग्लादेश के खिलाफ टेस्ट सीरीज से सात दिन पहिले चेन्नई पहुंच गइल बाड़ें। कोहली सुक के सबेरे चार बजे के फ्लाइट से चेन्नई पहुंचलें। उनकर चेन्नई एयरपोर्ट से निकलत वीडियो आइल बा, एमे कोहली कड़ा सुरक्षा के बीच एयरपोर्ट से निकलत दिखाई दे रहल बाड़ें।

बियफे के रात कप्तान रोहित शर्मा, तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह, केएल राहुल आ विकेटकीपर ऋषभ पंत के टीम बस पs चढ़त देखल गइल। कोहली बांग्लादेश के खिलाफ भारतीय टेस्ट टीम के हिस्सा बाड़ें। टीम इंडिया के इहां 19 सितंबर से पहिला टेस्ट खेले के बा। अइसन में विराट प्री-सीरीज प्रैक्टिस खातिर इहां पहुंचल बाड़ें।

चेन्नई एयरपोर्ट पs तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह। उनका के दलीप ट्रॉफी से ब्रेक दिहल गइल बा।
चेन्नई एयरपोर्ट पs तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह। उनका के दलीप ट्रॉफी से ब्रेक दिहल गइल बा।

 

चेन्नई एयरपोर्ट से बाहर आवत केएल राहुल। ऊ दलीप ट्रॉफी में इंडिया ए से फिफ्टी जमवलें।
चेन्नई एयरपोर्ट से बाहर आते केएल राहुल। उन्होंने दलीप ट्रॉफी में इंडिया ए से फिफ्टी जमाई।
विकेटकीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत एयरपोर्ट से बाहर आवत। पंत ने इंडिया विकेटकीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत एयरपोर्ट से बाहर आते हुए। पंत ने भी इंडिया बी से फिफ्टी जमाई। से फिफ्टी जमवलें।
विकेटकीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत एयरपोर्ट से बाहर आवत। दलीप ट्रॉफी में फिफ्टी जमवलें।

भारत-बांग्लादेश टेस्ट सीरीज के शेड्यूल

जनवरी के बाद टेस्ट खेलिहें कोहली

विराट कोहली जनवरी 2024 के बाद टेस्ट मैच खेलिहें। ऊ आखिरी मुकाबला साउथ अफ्रीका के खिलाफ केपटाउन में खेलले रहस। घरेलू मैदानन के बात करीं तs कोहली अहमदाबाद में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ मार्च 2023 में आखिरी मैच खेलले रहस। ओकरा बाद बेटा अकाय के जन्म के कारण ऊ निजी कारणन से ब्रेक पs चल गइल रहस।

इंडिया में पिछला टेस्ट के दौरान कोहली। ऊ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 186 रन के पारी खेलले रहस।
इंडिया में पिछला टेस्ट के दौरान कोहली। ऊ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 186 रन के पारी खेलले रहस।

बांग्लादेश के खिलाफ पहिला टेस्ट खातिर भारतीय टीम

रोहित शर्मा (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल, विराट कोहली, केएल राहुल, सरफराज खान, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज, आकाश दीप, जसप्रीत बुमराह आ यश दयाल।

टेस्ट सीरीज खातिर बांग्लादेश टीम

नजमुल हसन शान्तो (कप्तान), महमुदुल हसन जॉय, जाकिर हसन, शादमान इस्लाम, मोमिनुल हक, मुश्फिकुर रहीम, शाकिब अल हसन, लिट्टन दास, मेहदी हसन मिराज, तैजुल इस्लाम, नईम हसन, नाहिद राणा, हसन महमूद, तस्कीन अहमद, सैयद खालिद अहमद आ जाकिर अली अनिक।

957850cookie-checkचेन्नई पहुंचलें कोहली: कप्तान रोहित, बुमराह, राहुल आ पंत लउकल लो; 19 सितंबर से बांग्लादेश से बा मुकाबला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.