AFG vs NZ: मैदान ढंके खातिर कइल गइल समियाना के इस्तेमाल, डीडीसीए से उधार लिहल गइल कवर; एकरा बादो सुरू ना हो सकल मैच

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

अफगानिस्तान आ न्यूजीलैंड के बीच ग्रेटर नोएडा में हो रहल एकमात्र टेस्ट मैच दूसरको दिन सुरू ना हो सकल। तमाम प्रयास के बावजूद खेल सुरू करे खातिर मैदान के तइयार ना होखला से बहुते किरकरी

Share

अफगानिस्तान आ न्यूजीलैंड के बीच ग्रेटर नोएडा में हो रहल एकमात्र टेस्ट मैच दूसरको दिन सुरू ना हो सकल। तमाम प्रयास के बावजूद खेल सुरू करे खातिर मैदान के तइयार ना होखला से बहुते किरकरी के सामना करे के पड़ रहल बा। शहीद विजय सिंह पथिक खेल परिसर में लगातार दूसरको दिन एको गेना ना फेंकल जा सकल। जवना से एह स्टेडियम पs प्रश्नचिन्ह लागल बा। एह मैच में अब तक टॉस तक नइखे हो सकल।

आसमान साफ होखला के बादो सुरू ना हो सकल खेल

सोमार के भलही तनी सा बरखा भइल, बाकिर मंगर के बरखा ना भइला के बावजूद खेल सुरू ना हो सकल। मैदानकर्मी मैदान सुखावे खातिर बहुते प्रयास कइल लो, बाकिर मैदान के खेले लायक ना बन सकल। मैदान के सुखावे खातिर कइयन तरीका के प्रयोग गइल। जेमे समियाना के इस्तेमाल आ इलेक्ट्रिक पंखा सामिल रहे। एकरा अलावे दिल्ली आ जिला क्रिकेट संघ (डीडीसीए) से ग्राउंड कवर आ उत्तर प्रदेश क्रिकेट संघ (यूपीसीए) से सुपर सोपर उधार लिहल गइल। मैदानकर्मी अभ्यास परिसर से सूखल घास ले आके मिड आन आ मिडविकेट क्षेत्र में लगावे के कोसिस करत रहे लो। ऑफ साइड में तीन टेबल फैन लगावल गइल, जवना से ओकरा सुखावल जा सके।स्टेडियम अधिकारियन के अनुसार मैदान में पांच सुपर सोपर लगावल गइल, लेकिन काम ना बनल।

कुशल मैदानकर्मी ना होखला पs मजदूरन से लिहल गइल काम

सूत्रन के मानल जाव तs ग्रेटर नोएडा प्राधिकरण यूपीसीए से दुगो सुपर सोपर मंगले रहे जवन मेरठ स्टेडियम से भेजल गइल। दिन में बियाह में इस्तेमाल होखे वाला पारंपरिक समियाना के इस्तेमाल आउटफील्ड ढंके खातिर कइल गइल आ सांझ के बरसाती लगावल गइल। कोटला से डीडीसीए अधिकारी लोग आउटफील्ड कवर भेजल। ग्रेटर नोएडा प्राधिकरण के लगे कुशल मैदानकर्मी ना रहे लो जवना के वजह से मजदूरन के काम पs लगावल गइल।

बीसीसीआई देले रहे तीन गो विकल्प

बीसीसीआई अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड (एसीबी) के कानपुर, बेंगलुरु आ ग्रेटर नोएडा के विकल्प देले रहे। एसीबी लॉजिस्टिक कारणन से ग्रेटर नोएडा के चुनलस। एसीबी के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट मैनेजर मिन्हाज राज कहलें, ई हमेसा से अफगानिस्तान के घरेलू मैदान रहल बा। हमनी के 2016 से इहां खेल रहल बा लो। बरखा के कारण ई सब भइल। हमनी के इहां स्थानीय टीम के खिलाफ तीन वनडे मैच खेलनी सs, जेमे कवनो दिक्कत ना भइल रहे।

सुविधन के अभाव पs भड़कल एसीबी

स्टेडियम में सुविधा के अभाव पs एसीबी कड़ा रुख अख्तियार कइले बा। एसीबी के एगो अधिकारी कहलें, ई बहुत बड़ गड़बड़ी बा, हमनी के इहां कबो वापस ना आएम सs। इहां के सुविधा से खिलाड़ी नाखुश बा लो। हमनी के संबंधित लोगन से पहिलही बात कs लेले रहनी सs या स्टेडियम के लोग हमनी के आश्वासन देले रहे कि सब कुछ सही होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.