भारत चेन्नई टेस्ट में बांग्लादेश के 280 रन से हरवलस : अश्विन के शतक आ 6 विकेट लेलें

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

टीम इंडिया बांग्लादेश के खिलाफ पहिला टेस्ट 280 रन से जीत लेले बिया। भारतीय टीम अतवार के 515 रन के टारगेट चेज कs रहल बांग्लादेश के दूसरका पारी में 234 रन पs ऑलआउट कs देलस।

Share

टीम इंडिया बांग्लादेश के खिलाफ पहिला टेस्ट 280 रन से जीत लेले बिया। भारतीय टीम अतवार के 515 रन के टारगेट चेज कs रहल बांग्लादेश के दूसरका पारी में 234 रन पs ऑलआउट कs देलस।

टीम दु टेस्ट के सीरीज में 1-0 के बढ़त हासिल कs लेले बा। दूसरका मुकाबला 27 सितंबर से कानपुर के ग्रीन पार्क स्टेडियम में खेलल जाई। एह जीत के हीरो रविचंद्रन अश्विन रहलें। ऊ 6 विकेट झटकलें। संगही पहिला पारी में 113 रन बनवलें। बांग्लादेश के ओर से कप्तान नजमुल हसन शांतो (82 रन) अर्धशतक जमवलें।

बांग्लादेशी टीम 158/4 के स्कोर से खेलल सुरू कइलस। शांतो 51 आ शाकिब 5 रन से अपना-अपना पारी के आगे बढवलें। शांतो 82 आ शाकिब 25 रन बनाके आउट भइल लो। भारतीय कप्तान रोहित शर्मा दूसरका पारी 4 विकेट पs 287 रन पs घोषित कइलें आ बांग्लादेश के 515 रन के टारगेट देलस। टीम इंडिया पहिला पारी में 376 रन बनवले रहे। जवाब में बांग्लादेश के पहिला पारी 149 रन पs सिमट गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.