[the_ad_group id="30365"]

वेस्टइंडीज दौरा खातिर टी20 टीम के घोषणा: अश्विन के 8 महीना बाद वापसी; कोहली-चहल आ बुमराह के आराम, कुलदीप भी बाड़े टीम के हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया के वेस्टइंडीज दौरा खातिर एलान हो गइल बा. ओहिजा होखे वाला टी-20 सीरीज से विराट कोहली, जसप्रीत बुमराह आ युजवेंद्र चहल के आराम दिहल गइल बा. जबकि केएल राहुल, रविचंद्रन आश्विन आ कुलदीप यादव लवट आइल बाड़न. राहुल-कुलदीप फिटनेस टेस्ट पास कइला का बाद ही खेल पइहें. भारतीय टीम 22 जुलाई से 7 अगस्त ले 5 गो टी-20 आ 3 गो एकदिना मैच खेली।

टीम 17 तारीख के आखिरी एकदिना का बाद वेस्टइंडीज जा सकेले

17 जुलाई के मैनचेस्टर में इंग्लैंड का खिलाफ तिसरका आ आखिरी एकदिना खेलला का बाद भारतीय टीम ओहिजा से वेस्टइंडीज खातिर रवाना हो सकेला. वेस्टइंडीज दौरा पर एकदिना सीरीज के पहिला मैच 22 जुलाई के पोर्ट ऑफ स्पेन में खेलल जाई.

अमेरिका में भी प्रतियोगिता होई

अमेरिका के फ्लोरिडा में वेस्टइंडीज सीरीज के दू गो टी-20 मैच खेलल जाई. ई दुनु मैच 6 आ 7 अगस्त के होखी. गुरुवार के जारी कार्यक्रम के मुताबिक भारतीय टीम 22 जुलाई से 7 अगस्त तक वेस्टइंडीज अवुरी अमेरिका के दौरा करी। पहिलका तीन गो एकदिना ओहिजा 22 से 27 जुलाई ले खेलल जाई. एकरा बाद 29 जुलाई से 7 अगस्त के बीच पांच गो टी-20 मैच होई।

एक दिन खातिर धवन के कप्तान बनावल गइल

एह दौरा खातिर भारतीय बोर्ड कुछ दिन पहिले एकदिना टीम के एलान कइले रहुवे. टीम के कमान शिखर धवन के सौंप दिहल गईल। जहां विराट कोहली, रोहित शर्मा, केएल राहुल, जसप्रीत बुमराह, ऋषभ पंत अवुरी मोहम्मद शमी जईसन सीनियर खिलाड़ी के आराम दिहल गईल।

ई ह टी20 टीम 

रोहित शर्मा (कैप्टन), ईशान किशन, केएल राहुल, सूर्यकुमार यादव, दीपक हुड्डा, श्रेयस अय्यर, दिनेश कार्तिक, ऋषभ पंत, हार्दिक पंड्या, रविंद्र जडेजा, अक्षर पटेल, आर. अश्विन, रवि बिश्ननोई, कुलदीप यादव, भुवनेश्वर कुमार, आवेश खान, हर्षल पटेल, अर्शदीप सिंह।

ई ह वनडे टीम

शिखर धवन (कप्तान), रवींद्र जडेजा (उपकप्तान), ऋतुराज गायकवाड़, शुभमन गिल, दीपक हुड्डा, सूर्यकुमार यादव, श्रेयस अय्यर, ईशान किशन (विकेटकीपर), संजू सैमसन (विकेटकीपर), शार्दूल ठाकुर, युजवेंद्र चहल, अक्षर पटेल, आवेश खान, प्रसिद्ध कृष्णा, मोहम्मद सिराज, अर्शदीप सिंह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]