India Post में निकलल भरती, स्पेशलिस्ट ऑफिसर के 68 पद, आवेदन प्रक्रिया सुरू

Minee Upadhyay
India Post में निकलल भरती

इंडिया पोस्ट पेमेंट बैंक (आईपीपीबी) विभिन्न विषय (ग्रुप-बी) में विशेषज्ञ अधिकारी के बहाली खातिर अधिसूचना जारी कईले बा। ई बहाली 68 गो पद खातिर जारी भइल बा. इंडिया पोस्ट आईपीपीबी स्पेशलिस्ट ऑफिसर भर्ती 2024 खातिर ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया शुरू हो गईल बा। इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट ippbonline.com के माध्यम से 10 जनवरी 2025 ले आवेदन कs सकेलें। उम्मीदवार अंतिम तारीख से पहिले आईपीपीबी के आधिकारिक साइट के माध्यम से भी आवेदन कs सकतारे।

IPPB SO Recruitment 2024: महत्वपूर्ण तारीख
ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया सुरूः 21 दिसंबर 2024 से
ऑनलाइन आवेदन के अंतिम तिथिः 10 जनवरी 2025 ले
एडमिट कार्डः परीक्षा से पहिले

IPPB SO Recruitment 2024: रिक्तियन के विवरण
असिस्टेंट मैनेजर आईटीः 54 पद

मैनेजर आईटी पेमेंट सिस्टमः 1 पद

मैनेजर आईटी इंफ्राक्टचर, नेटवर्किंग एंड क्लाउडः 2 पद

मैनेजर आईटी इन्टरप्राइज डाटा वेयर हाउसः 1 पद

सीनियर मैनजर आईटी पेमेंट सिस्टमः 1 पद

सीनियर मैनेजर आईटी इंफ्राटक्चर, नेटवर्क एंड क्लाउडः 1 पद

सीनियर मैनेजर आईटी वेंडर, आउटसोर्सिंग कॉन्ट्रैक्ट मैनेजमेंटः 1 पद

साइबर सिक्योरिटी एक्सपर्टः 7 पद

IPPB SO Recruitment 2024: जरूरी योग्यता
असिस्टेंट मैनेजर आईटी
कंप्यूटर विज्ञान / आईटी / कंप्यूटर अनुप्रयोग / इलेक्ट्रॉनिक्स और संचार इंजीनियरिंग / इलेक्ट्रॉनिक्स और दूरसंचार / इलेक्ट्रॉनिक्स और इंस्ट्रूमेंटेशन में बी.ई. / बी.टेक. या कंप्यूटर विज्ञान / आईटी / कंप्यूटर अनुप्रयोग / इलेक्ट्रॉनिक्स आ संचार इंजीनियरिंग / इलेक्ट्रॉनिक्स और दूरसंचार / इलेक्ट्रॉनिक्स आ इंस्ट्रूमेंटेशन में पोस्ट ग्रेजुएट डिग्री .

मैनेजर आईटी पेमेंट सिस्टम

कंप्यूटर विज्ञान / आईटी / कंप्यूटर अनुप्रयोग / इलेक्ट्रॉनिक्स और संचार इंजीनियरिंग / इलेक्ट्रॉनिक्स और दूरसंचार / इलेक्ट्रॉनिक्स और इंस्ट्रूमेंटेशन में बी.ई./बी.टेक

मैनेजर आईटी इंफ्राक्टचर, नेटवर्किंग एंड क्लाउड

कंप्यूटर विज्ञान / आईटी / कंप्यूटर अनुप्रयोग / इलेक्ट्रॉनिक्स आ संचार इंजीनियरिंग / इलेक्ट्रॉनिक्स आ दूरसंचार / इलेक्ट्रॉनिक्स आ इंस्ट्रूमेंटेशन में बी.ई/बी.टेक डिग्री .

आईपीपीबी एसओ भर्ती 2024: उमिर सीमा

आईपीपीबी विशेषज्ञ अधिकारी एसओ भर्ती 2024 खातिर उम्मीदवार के न्यूनतम उम्र 18 साल होखे के चाही। उम्मीदवार के नियम के मुताबिक अधिकतम उम्र सीमा में ढील दिहल जाई। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment