[the_ad_group id="30365"]

अब 5वीं आ 8वीं के परीक्षा में फेल होंहिहें छात्र! शिक्षा मंत्रालय बदल दिहलस स्कूल खातीर नियम

अब 5वीं आ 8वीं के परीक्षा में फेल होंहिहें छात्र
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय शिक्षा मंत्रालय स्कूलन खातिर लइकन के मुफ्त आ अनिवार्य शिक्षा के अधिकार अधिनियम 2009 (आरटीई अधिनियम 2009) में बदलाव कइले बा। एह बदलाव के बाद अब स्कूल 5वीं आ 8वीं कक्षा में फेल भइल लइकन के फेल कs सकेला. नियम में ई संशोधन राइट टू चिल्ड्रेन टू फ्री एंड कंप्लसरी एजुकेशन एक्ट 2009 (RTE Act 2009) में 2019 में एह सुधार के शामिल कइला के पांच साल बाद भइल बा। एहसे पहिले एह कानून में राज्यन के कक्षा 5वीं आ 8वीं के विद्यार्थियन खातिर “नियमित परीक्षा” करावे आ फेल होखे के इजाजत ना दिहल गइल रहे.

दू महीना बाद फेर से परीक्षा देबे के मौका
संशोधित नियम के मुताबिक राज्य अब शैक्षणिक साल के अंत में पांचवीं अवुरी आठवीं कक्षा में नियमित परीक्षा दे सकता अवुरी जदी कवनो छात्र फेल हो गईल तs ओकरा के अतिरिक्त निर्देश दिहल जाई अवुरी दु महीना के बाद फेर से परीक्षा में आवे के मौका दिहल जाई. अगर कवनो विद्यार्थी एह परीक्षा में भी पदोन्नति के शर्त पूरा ना कs पावे तs ओकरा के कक्षा 5 भा कक्षा 8 में रोक दिहल जाई.

एह राज्यन में पहिलहीं से बदलाव हो चुकल बा

मध्य प्रदेश, गुजरात, झारखंड, ओडिशा, कर्नाटक आ दिल्ली जइसन राज्य पहिलहीं से 5वीं भा 8वीं कक्षा में फेल भइल विद्यार्थियन पs रोक लगावे के फैसला कs चुकल बा. हालांकि कर्नाटक में कक्षा 5, 8, 9 अवुरी 11 खातीर रेगुलर एग्जाम – अनिवार्य रूप से सार्वजनिक परीक्षा – करावे के कोशिश के कर्नाटक हाईकोर्ट मार्च 2024 में खारिज कs देलस। हालांकि केरल जईसन कुछ राज्य 5 अवुरी 8 कक्षा में परीक्षा करावे के खिलाफ बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: चेहरा के मोटापा कम करे खातीर करीं इs योग, कुछे दिन में दिखी असर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]