[the_ad_group id="30365"]

AHC Exam: इलाहाबाद हाई कोर्ट भरती परीक्षा खातीर एग्जाम सिटी स्लिप जारी, डायरेक्ट लिंक से करीं चेक

AHC Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इलाहाबाद हाईकोर्ट ग्रुप सी एंड डी, , स्टेनोग्राफर ग्रेड III, ड्राइवर ग्रेडIV भरती परीक्षा खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन खातिर एगो खबर बा. राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी यानी एनटीए उक्त भरती परीक्षा (स्टेज 1) के परीक्षा सिटी स्लिप जारी कईले बिया। परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट exams.nta.ac.in/AHCRE पs जाके एकर जांच अवुरी डाउनलोड कs सकतारे। उम्मीदवार नीचे दिहल सीधा लिंक के माध्यम से चाहे नीचे बतावल स्टेप के माध्यम से भी परीक्षा शहर के सूची देख सकतारे। 

कइसे करीं चेक आ डाउनलोड?
उम्मीदवार नीचे दिहल स्टेप के माध्यम से परीक्षा सिटी स्लिप के जांच अवुरी डाउनलोड कs सकतारे। 

*सबसे पहिले उम्मीदवार के आधिकारिक वेबसाइट पs जाए के होई। 

*एकरा बाद उम्मीदवार के होमपेज पs मौजूद संबंधित लिंक पs क्लिक करे के होई। 

*एकरा बाद उम्मीदवारन के जरूरी क्रेडेंशियल दर्ज करावे के चाहीं. 

*जइसहीं रउरा अइसन करब तs रउरा सोझा परीक्षा शहर के पर्ची खुल जाई. 

*अब उम्मीदवार एकरा के चेक कs के डाउनलोड करस। 

  • *लास्ट में उम्मीदवारन के एगो प्रिंट आउट निकाले के पड़ी.

एह शहरन में आयोजित होई परीक्षा
एs परीक्षा के 16 शहरन में आयोजित कइल जाई.

आगरा
आज़मगढ़
बरेली
बस्ती
गाजीपुर
गोरखपुर
जौनपुर
झांसी
कानपुर
लखनऊ
मथुरा
मेरठ
मुरादाबाद
गौतम बुद्ध नगर (नोएडा/ग्रा. नोएडा)
सुल्तानपुर
वाराणसी
परीक्षा के एडमिट कार्ड बाद में अलग से जारी कईल जाई। ई भरती परीक्षा 4 आ 5 जनवरी 2025 के करावल जाई. एह भरती अभियान के माध्यम से कुल 3306 पद भरल जाई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाथ-गोड़ में दर्द से राहत देई इs योगासन, रोज करीं एकर अभ्यास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]