[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी के रूस यात्रा पs बौखलाइल अमेरिका, भारत दिहलस करारा जवाब; कहलस इs बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हालही में रूस के ऐतिहासिक दौरा कइले रहले आ ओहिजा राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन से भी भेंट कइले रहले. हालांकि दूसर ओर अमेरिका पीएम मोदी के रूस यात्रा पs नाराजगी जतवले रहे। रूस-यूक्रेन युद्ध के बीच अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन नाटो शिखर सम्मेलन के मेजबानी करत रहले। एकरा संगे पीएम मोदी रूस के दौरा पs रहले। अब भारत भी पीएम मोदी के रूस यात्रा पs अमेरिका के कड़ा संदेश देले बा। भारत पीएम मोदी के रूस यात्रा के साफ तौर ‘पसंद के तरजीह देले के स्वतंत्रता’’ के बात बतवले बा। बता दी कि भारत अउरी का कहलस।

अमेरिका के हकीकत से अवगत होखे के चाहीं

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल प्रेस कांफ्रेंस में अमेरिका के लेके कई गो सख्त बयान जारी कईले बाड़े। जयसवाल कहले कि भारत के रूस से लंबा समय ले संबंध बा अवुरी इs संबंध आपसी हित पs आधारित बा।  रणधीर जायसवाल कहले कि बहुध्रुवीय दुनिया में सभ देश के अपना पसंद के प्राथमिकता देवे के आजादी बा। एह तरह के वास्तविकता के प्रति जागरूक होखल आ ओकरा के समझल जरूरी बा।

पूरा मामिला का बा?

दरअसल एह महीना दक्षिण आ मध्य एशिया खातिर अमेरिका के सहायक विदेश सचिव डोनाल्ड लू पीएम मोदी के रूस यात्रा पs टिप्पणी कइले रहले. लू कहले रहले कि अमेरिका पीएम मोदी के रूस यात्रा से निराश बा, जब अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन नाटो शिखर सम्मेलन के मेजबानी करतारे। लू कहले रहले कि हम भारत से ओ चिंता के बारे में बात करतानी।

भारत में अमेरिकी राजदूत भी बयान देले

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह महीना 8 आ 9 जुलाई के रूस गइल रहले आ व्लादिमीर पुतिन से भेंट कइले रहले. एकरा बाद जो बाइडेन प्रशासन के बहुत अधिकारी रूस अवुरी भारत के बीच संबंध के आलोचना कईले। भारत में अमेरिकी राजदूत एरिक गार्सेटी भी एह यात्रा के खिलाफ बयान दिहले रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]