[the_ad_group id="30365"]

कोविड-19 बीमारी के दौरान दुनिया के टीका के निर्यातक बनल भारत, अमेरिका स्वीकार कइलस देश के क्षमता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोविड महामारी से लड़त भारत अपने क्षमता के अहसास दुनिया के करवले बा। कोरोना वायरस बीमारी के दौरान भारत दुनिया खातिर कोविड-19 टीका के निर्यातक रहल। व्हाइट हाउस भी वैश्विक स्तर पर कोविड-19 के खिलाफ टीका के आपूर्ति में देश के महत्वपूर्ण भूमिका के स्वीकार कइले बा

भारत रहल टीका के प्रमुख निर्यातक देश

व्हाइट हाउस कोरोनावायरस रिस्पांस कोऑर्डिनेटर डॉ आशीष झा मंगर के संवाददाता के संबोधित करत कहलें कि अपने अविश्वसनीय विनिर्माण क्षमता के कारण भारत टीका के एगो प्रमुख निर्यातक रहल बा। एगो सवाल के जवाब देत डॉ. आशीष झा कहले कि आस्ट्रेलिया, भारत, जापान अउर अमेरिका के क्वाड साझेदारी में रणनीतिक सुरक्षा संवाद में कोरोना वायरस जो बाइडेन प्रशासन खातिर प्रमुख विषय रहल।

डॉ. आशीष कहलें कि हमके लागsला कि भारत दुनिया खातिर वैक्सीन के एगो महत्वपूर्ण निर्माता ह। खुद के ख़ातिर नाइ, दुनिया के वैक्सीन के आपूर्ति करे के बाइडेन प्रशासन के फैसला के बचाव करत आशीष झा कहलें कि अमेरिका सब निम्न अउर मध्यम आय वाले देशन के वैक्सीन उपलब्ध करावल जारी रखी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]