[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: शताब्दी वर्ष समारोह से पहिले हर गांव में होई आरएसएस के शाखा, संघ तैयार कइलस खाका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ (आरएसएस) के शताब्दी वर्ष समारोह (2025) से पहिले हर गांव में शाखा लागी। एकर खाका संघ तैयार क लिहले बा। ई जानकारी आरएसएस के प्रांत संघचालक डॉ. पृथ्वीराज सिंह, प्रांत सह संघचालक डॉ महेंद्र अग्रवाल अउर प्रांत संपर्क प्रमुख प्रो संजीत गुप्ता बियफ़े के प्रेस क्लब में आयोजित पत्रकार वार्ता के दौरान दिहले।

पदाधिकारी लोग कहल कि अखिल भारतीय कार्यकारी मंडल के बैठक प्रयागराज में 16 से 19 अक्तूबर के बीच भइल रहे। बैठक में जौन कुछ तय भइल रहे ओकर जानकारी गोरक्ष प्रांत के स्वयंसेवकन के दे दिहल गइल बा। स्वयंसेवक अब घर-घर दस्तक दे के जनसंख्या असंतुलन से होखे वाले नुकसान के जानकारी दीहें। आबादी के नियंत्रित करे खातिर जनसमर्थन भी जुटइहें। सबसे बड़ चिंता जनसंख्या असंतुलन के बा। असम, केरल, पश्चिम बंगाल में ज्यादा खतरनाक स्थिति बा। उत्तराखंड अउर हरियणा में भी जनसंख्या असंतुलन बढ़ रहल बा।

आरएसएस पदाधिकारी लोग राहुल गांधी पर साधल निशाना 

आरएसएस के पदाधिकारी कांग्रेस नेता राहुल गांधी पर भी निशाना सधने। कहलें कि संघ के नाम ले के राहुल वोट बैंक के राजनीति क रहल बानें। उ वर्ग विशेष को साधे के प्रयास क रहल बानें, लेकिन उनके ई नाइ पता बा कि संघ के जड़ केतना मजबूत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]