[the_ad_group id="30365"]

IND vs AUS 3rd T20: रोमांचक मैच में भारत ऑस्ट्रेलिया के छव विकेट से हरवलस, सीरीज 2-1 से अपना नावे कइलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India vs Australia (IND vs AUS) 3rd T20i: भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच तीन मैचन के टी20 सीरीज के तीसरा मैच हैदराबाद में खेलल गइल। ऑस्ट्रेलिया पहिला टी20 आ भारत दूसरका टी20 के अपना नावे कइले रहे। तीसरका टी20 में ऑस्ट्रेलिया भारत के सोझा 187 रन के लक्ष्य रखले रहे। जवाब में टीम इंडिया 19.5 ओवर में चार विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेलस।

भारत ऑस्ट्रेलिया के छव विकेट से हरवलस 

भारत तीसरा टी20 में ऑस्ट्रेलिया के छह विकेट से हरा देले बा। रोमांचक मुकाबले में भारत के आखिरी ओवर में 11 रन के जरूरत रहे। तब विराट कोहली आ हार्दिक पांड्या क्रीज पs रहे लो। डेनियल सैम्स गेंदबाजी करत रहस। पहिला गेना पs कोहली छक्का लगवले। हालांकि, ओकरा अगिलके गेना पs कोहली फिंच ले कैच थमा बइठले। तीसरा गेना पs दिनेश कार्तिक एक रन लेले। अंतिम तीन गेना पs भारत के चार रन बनावे के जरूरत रहे। ओहिजा, चउथा गेना पs हार्दिक कवनो रन ना बना पवले। पंचवा गेना पs सैम्स वाइड यॉर्कर फेंके के कोसिस कइले, बाकिर गेना हार्दिक के बल्ला से लगकके थर्ड मैन पs चार रन खातिर चली गइल। एह तरे भारत एक गेना रहते जीत हासिल कइलस।

एह जीत के संगे भारत तीन मैचन के टी20 सीरीज के 2-1 से जीत लेले बा। ऑस्ट्रेलिया पहिला टी20 आ भारत दूसरका टी20 के अपना नावे कइले रहे। तीसरा टी20 में ऑस्ट्रेलिया भारत के सोझा 187 रन के लक्ष्य रखले रहे। कैमरन ग्रीन 21 गेना में 52 रन आ टिम डेविड 27 गेना में 54 रन के पारी खेलले। जवाब में टीम इंडिया 19.5 ओवर में चार विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेलस। भारत खातिर सूर्यकुमार यादव 36 गेना में ताबड़तोड़ 69 रन बनवले। ओहिजा, विराट कोहली 48 गेना में 63 रन के पारी खेलले।

भारतीय टीम अपना घर में नव साल बाद ऑस्ट्रेलिया के टी20 सीरीज में हरावे में कामयाब हो पवले बा। ऑस्ट्रेलिया के भारत 2013 के बाद से टी20 सीरीज में ना हरा सकल रहे। 2007 आ 2013 में उ एक-एक मैच के सीरीज के अपना नावे कइले रहे। अब टीम इंडिया नव साल में पहिला बेर कंगारूअन के अपना घर में सीरीज हरावे में सफल रहल बिया। 2017-18 में सीरीज 1-1 से बराबरी पs छूटल रहे तs 2018-19 में ऑस्ट्रेलिया 2-0 से जीत हासिल कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]