[the_ad_group id="30365"]

भारत में पहिला इलेक्ट्रिक-एयर टैक्सी 2026 तक: इंटरग्लोब एंटरप्राइजेज आर्चर एविएशन के संगे पार्टनरशिप कइलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में साल 2026 तक पहिला इलेक्ट्रिक-एयर टैक्सी चल सकत बिया। एकरा खातिर देस के सबसे बड़ एयरलाइन इंडिगो के ऑपरेट करे वाली कंपनी इंटरग्लोब एंटरप्राइजेज अमेरिका के ‘आर्चर एविएशन’ के संगे पार्टनरशिप कइले बिया।

मोमोरेंडम साइन कइला के बाद दुनो कंपनी बयान जारी कs  के कहलस,’इलेक्ट्रिक एयर टैक्सी के ऑपरेशन रेगुलेटरी अप्रूवल आ क्लियरेंस पs निर्भर होई। हमनी के लक्ष्य देश खातिर एगो रिवॉल्यूशनरी ट्रांसपोर्टेशन सॉल्यूशन प्रोवाइड कइल बा।’

7 मिनट में 90 मिनट के सफर

आर्चर के इलेक्ट्रिक वर्टिकल टेकऑफ आ लैंडिंग (eVTOL) मिडनाइट एयरक्राफ्ट के माध्यम से एयर टैक्सी सर्विसेज दिहल जाई। कंपनी कहलस कि कनॉट प्लेस से गुरुग्राम के 27 किलोमीटर के यात्रा में सड़क मार्ग से लगभग 60 से 90 मिनट के समय लागेला। इलेक्ट्रिक-एयर टैक्सी एह दूरी के 7 मिनट में तय कs ली।

मिडनाइट एयरक्राफ्ट तेजी से बैक-टू-बैक उड़ान परफॉर्म करे खातिर डिजाइन कइल गइल बा। ई अइसन इलेक्ट्रिक एयरक्राफ्ट हs जवन हेलीकॉप्टर के तरे वर्टिकल टेकऑफ आ लैंडिंग कs सकत बा। एकरा के ऑपरेट करे खातिर रनवे के जरूरत ना होला।

200 एयरक्राफ्ट किने खातिर फंड जुटावे के योजना

आर्चर के 200 इलेक्ट्रिक वर्टिकल टेकऑफ आ लैंडिंग (eVTOL) मिडनाइट एयरक्राफ्ट के खरीद खातिर फंड जुटावे के योजना बनावल गइल बा।

शहरी एयर टैक्सी सर्विस के अलावे लॉजिस्टिक्स, मेडिकल, इमरजेंसी आ चार्टर सर्विस खातिर इलेक्ट्रिक-एयरक्राफ्ट के इस्तेमाल करे के योजना बना रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]