India 16th Census: जनगणना के अधिसूचना जारी, 35 लाख+ कर्मी डिजिटली काम करी लोग; 16 भाषा में मोबाइल एप

Share

सेंट्रल डेस्क। केंद्र सरकार घोषणा कइले बिया कि भारत के जनसंख्या के जनगणना साल 2027 के दौरान कइल जाई। एकरा खातिर राजपत्र अधिसूचना जारी कs दिहल गइल बा। अधिसूचना के मोताबिक, लद्दाख, जम्मू-कश्मीर, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड के बर्फ से ढकल गैर-समकालिक क्षेत्रन में जनगणना 1 अक्तूबर 2026 से सुरू होई। देस के बाकी हिस्सन में ई प्रक्रिया 1 मार्च 2027 से सुरू होई।

एकरा पहिले केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह अतवार के जनगणना करावे के तइयारियन के समीक्षा कइले रहस। ऊ केंद्रीय गृह सचिव गोविंद मोहन, महापंजियन आ जनगणना आयुक्त मृत्युंजय कुमार नारायण सहित आउर अधिकारियन के संगे बइठक कइले रहस। सरकारी बयान के अनुसार, ई जनगणना पूरा तरे डिजिटल होई। एकरा खातिर मोबाइल एप तइयार कइल जाई आ ओहि में जनगणना से जुड़ल सब जानकारी एकत्र कइल जाई। एप 16 भाषा में उपलब्ध होई।

गृह मंत्री शाह सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट में कहले रहस, ’16वीं जनगणना में पहिला बेर जाति गणना सामिल होई। 34 लाख गणक आ सुपरवाइजर, 1.3 लाख जनगणना पदाधिकारी आधुनिक मोबाइल आ डिजिटल उपकरणन के संगे ई काम करी लोग। केंद्र शासित प्रदेश जम्मू-कश्मीर आ लद्दाख आउर हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड में 1 अक्तूबर, 2026 से आ देस के बाकी हिस्सन में 1 मार्च, 2027 से जातियन के गणना आ जनगणना के काम सुरू होई।’

दु चरणन में कइल जाई जनगणना

जनगणना दु चरणन में कइल जाई। पहिला चरण माने मकान सूचीकरण आ मकानन के गणना (एचएलओ) में हर परिवार के आवासीय इस्थिति, संपत्ति आ सुविधा के विवरण एकत्र कइल जाई। एकरा बाद दूसरका चरण (जनसंख्या गणना) में हर घर के हर व्यक्ति के जनसांख्यिकीय, सामाजिक-आर्थिक, सांस्कृतिक आ आउर विवरण एकत्र कइल जाई।

आजादी के बाद 8वीं जनगणना

ई जनगणना भारत के 16वीं आ स्वतंत्रता के बाद के 8वीं जनगणना होई। अबकी बेर जनगणना डिजिटल माध्यम से मोबाइल एप्लिकेशन के जरिये कइल जाई। नागरिकन खातिर स्व-गणना (सेल्फ-एन्यूमरेशन) के सुविधा उपलब्ध होई। डाटा सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर संग्रह, संचरण आ भंडारण के दौरान कड़ा सुरक्षा उपाय कइल जाई। उल्लेखनीय बा कि पिछला जनगणना वर्ष 2011 में भइल रहे आ ई जनगणना 16 साल के अंतराल के बाद होई।

Read Also: Chhapra News: टायर फटला से पलटल पिकअप, 5 के मौत, 15 से ज्यादा लोग घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-