Chhapra News: टायर फटला से पलटल पिकअप, 5 के मौत, 15 से ज्यादा लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2025

सारण। सारण में सोमार के सबेरे सड़क हादसा में पांच लोगन के मौत हो गइल बा। 15 से जादे लोग घायल बा। मृतकन में तीन गो महिला आ एगो बच्चा बा। घायलन में 2 के

Share

सारण। सारण में सोमार के सबेरे सड़क हादसा में पांच लोगन के मौत हो गइल बा। 15 से जादे लोग घायल बा। मृतकन में तीन गो महिला आ एगो बच्चा बा। घायलन में 2 के हालत गंभीर बा। दुनो के पटना रेफर कइल गइल बा।

हादसा छपरा-हाजीपुर NH-19 पs भइल। नयागांव थाना क्षेत्र के बाजितपुर फोरलेन पs पिकअप वैन पलट गइल।

बतावल जा रहल बा कि गाड़ी के स्पीड जादे रहे। बाजितपुर के लगे अचानक पिकअप के एगो चक्का ब्लास्ट कs गइल, जवना से गाड़ी असंतुलित होके पलट गइल।

सब लोग दिघवारा से मकई लोड कs के हाजीपुर ओकरा के भुजवावे जात रहे। सूचना मिलतही डायल 112 के पुलिस टीम मवका पs पहुंचल।

स्थानीय लोगन के मदद से अस्पताल पहुंचावल गइल

पुलिस आ स्थानीय लोग घायलन के सोनपुर अनुमंडलीय अस्पताल पहुंचावल। प्राथमिक उपचार के बाद सब घायलन के सदर अस्पताल हाजीपुर भेज दिहल गइल बा।

घटनास्थल पs मकई के बोरा बिखरल पड़ल रहे। पुलिस शवन के पोस्टमॉर्टम खातिर भेजले बिया। प्रशासन घायलन के इलाज के बेवस्था कs रहल बा

मृतकतन में एगो 7 साल के बच्चा

मृतकन के पहचान सारण जिला के दिवारा निवासी राज कुमार पंडित के पत्नी अंजू देवी ( 48), राजू बैठा के पत्नी राधिका देवी (50), श्रवण राम के बेटा सोनू कुमार (23), पंचूराम के बेटी राजलक्ष्मी कुमारी (15), रामबाबू राम के 7 साल के बेटा शिवम कुमार के रूप में भइल बा।

Read Also: Sports Update: बीजिंग पैरा पावरलिफ्टिंग विश्व कप में भाग ली 16 सदस्यीय भारतीय टीम, 17 जून से होई आगाज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.