Gorakhpur: लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक करावे जा रहल बा फ़्यूज़न फ़ेस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2025

लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक एगो अइसन संस्थान हs जवन कला क्षेत्र में रुचि राखे वाला प्रतिभाशाली व्यक्तियन के गायन, नृत्य, वाद्य संगीत, कथक आ अउरी कला में प्रशिक्षित करेला। ई संस्था 2018 में स्थापित भइल

Share

लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक एगो अइसन संस्थान हs जवन कला क्षेत्र में रुचि राखे वाला प्रतिभाशाली व्यक्तियन के गायन, नृत्य, वाद्य संगीत, कथक आ अउरी कला में प्रशिक्षित करेला। ई संस्था 2018 में स्थापित भइल आ एकर निदेशक श्रीमती कल्पना श्रीवास्तव बाड़ी। इs एगो फ्रेंचाइजी चेन हs अवुरी एकर 42 शाखा उत्तर प्रदेश में बा।

फ़्यूज़न फ़ेस्ट का हs

हर साल लिरिक्स एकेडमी प्रतिभा के खोज खातिर नया नया आयोजन करेला। एह सीरीज में अगस्त में “फ्यूजन फेस्ट” नाम के एगो नया आयोजन होखे वाला बा. एहमें गायन, नृत्य आ वाद्य प्रतियोगिता शामिल बा. अबकी बेर मेहरारू लोग खातिर विशेष प्रतियोगिता भी राखल गइल बा, जइसे कि फायरलेस कुकिंग बनावे आ फैशन वॉक। एकरा अलावे स्कूलन खातिर जीके क्विज़ प्रतियोगिता के आयोजन भी हो रहल बा।

फाइनल आ ऑडिशन

फ़्यूज़न फ़ेस्ट के फाइनल अगस्त में होई आ जल्दिए ऑडिशन शुरू होखे वाला बा. सगरी प्रतिभागियन के आपन प्रतिभा देखावे के मौका मिली आ लिरिक्स अकादमी ओह लोग खातिर एगो मंच उपलब्ध कराई.

जानकारी खातीर संपर्क करीं

अगर रउरा एह आयोजन में शामिल होखे के बा भा अउरी जानकारी के जरूरत बा तs लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक से संपर्क कs सकीलें.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.