[the_ad_group id="30365"]

भारत बनाम वेस्टइंडीज : भारत पहिला टी20 में वेस्टइंडीज के 68 रन से हरा देहलस, तूफानी पारी खेले वाला कार्तिक बनलें प्लेयर ऑफ द मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत पांच मैच के टी-20 सीरीज के पहिला मुकाबला में वेस्टइंडीज के 68 रन से हरा देहले बा। एह जीत के साथ टीम इंडिया सीरीज में 1-0 के बढ़त ले लेहले बा। टॉस हार के पहिला बल्लेबाजी करत भारत 20 ओवर में छह विकेट गंवा के 190 रन बनवलस। रोहित शर्मा 64 रन के पारी खेलली। उहवें, दिनेश कार्तिक 19 गेंद में 41 रन बना के नाबाद रहलें। उ एह पारी खातिर प्लेयर ऑफ द मैच भी चुनल गइल।

जवाब में वेस्टइंडीज के टीम 20 ओवर में आठ विकेट पर 122 रन ही बना सकल। वेस्टइंडीज के ओर से सबसे ज्यादा रन शामराह ब्रूक्स बनवले। उ 20 रन के पारी खेलले। भारत के ओर से अर्शदीप सिंह, रविचंद्रन अश्विन अउरी रवि बिश्नोई घातक गेंदबाजी कइले। तीनो लोग दो-दो विकेट झटके। सीरीज के अगला मैच सोमवार (एक अगस्त) के सेंट किट्स के वार्नर पार्क में खेलल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]