Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत बनाम वेस्टइंडीज : भारत पहिला टी20 में वेस्टइंडीज के 68 रन से हरा देहलस, तूफानी पारी खेले वाला कार्तिक बनलें प्लेयर ऑफ द मैच

923

भारत पांच मैच के टी-20 सीरीज के पहिला मुकाबला में वेस्टइंडीज के 68 रन से हरा देहले बा। एह जीत के साथ टीम इंडिया सीरीज में 1-0 के बढ़त ले लेहले बा। टॉस हार के पहिला बल्लेबाजी करत भारत 20 ओवर में छह विकेट गंवा के 190 रन बनवलस। रोहित शर्मा 64 रन के पारी खेलली। उहवें, दिनेश कार्तिक 19 गेंद में 41 रन बना के नाबाद रहलें। उ एह पारी खातिर प्लेयर ऑफ द मैच भी चुनल गइल।

जवाब में वेस्टइंडीज के टीम 20 ओवर में आठ विकेट पर 122 रन ही बना सकल। वेस्टइंडीज के ओर से सबसे ज्यादा रन शामराह ब्रूक्स बनवले। उ 20 रन के पारी खेलले। भारत के ओर से अर्शदीप सिंह, रविचंद्रन अश्विन अउरी रवि बिश्नोई घातक गेंदबाजी कइले। तीनो लोग दो-दो विकेट झटके। सीरीज के अगला मैच सोमवार (एक अगस्त) के सेंट किट्स के वार्नर पार्क में खेलल जाई।

303060cookie-checkभारत बनाम वेस्टइंडीज : भारत पहिला टी20 में वेस्टइंडीज के 68 रन से हरा देहलस, तूफानी पारी खेले वाला कार्तिक बनलें प्लेयर ऑफ द मैच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.