Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ind vs WI 2nd T20I: वेस्टइंडीज कइलस पलटवार, दूसरा T20I में भारत के 5 विकेट से हार

Ind vs WI 2nd T20I भारत के पहिले बल्लेबाजी करे के नेवता मिलल रहे, टीम इंडिया कैरेबियाई गेंदबाजन के सोझा 19.4 ओवर में 138 रन पs धराशाई हो गईल। वेस्टइंडीज जीत खातिर मिलल लक्ष्य के 5 विकेट रहते हासिल कs लेलस। 

1,254

Ind vs WI 2nd T20I: रोहित शर्मा के कप्तानी में भारतीय क्रिकेट टीम पांच मैचन के टी20 सीरीज के दूसरका मैच वेस्टइंडीज के खिलाफ वार्नर पार्क, सेंट किट्स में खेललस। एह मैच में वेस्टइंडीज के कप्तान निकोलस पूरन टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी चुनले। भारत के पहिले बल्लेबाजी करे के न्योता मिलल रहे आ ई टीम कैरेबियाई गेंदबाजन के सामने 19.4 ओवर में 138 रन पs धराशाई हो गइल। वेस्टइंडीज के जीत खातिर 139 रन बनावे के रहे आ वेस्टइंडीज टीम ब्रैंडन किंग के 68 रन के पारी के दम पs 19.2 ओवर में 5 विकेट पs 141 रन बनावत मैच में 5 विकेट से जीत दर्ज कs लेलस। पांच मैचन के टी20 सीरीज में अब दुनो टीम 1-1 के बराबरी पs आ गइल बाड़ी सs।

वेस्टइंडीज के पारी, किंग लगवले अर्धशतक

वेस्टइंडीज के पहिला झटका हार्दिक पांड्या काइल मेयर्स के 8 रन पs अश्विन के हाथन कैच करवा के देले। कप्तान निकोलस पूरन 14 रन बनवले आ उनका अश्विन के गेंद पs आपन विकेट गंवावे के पड़ल। हेटमायर के जडेजा 6 रन पs आउट कs देले। ब्रैंडन किंग 52 गेंदन पs 68 रन बनवले आ उनका के आवेश खान आउट कइले। पावेल के अर्शदीप सिंह 5 रन पर बोल्ड कs देले। एकरा बाद थामस नाबाद 31 रन आ स्मिथ नाबाद 4 रन के पारी खेलके अपना टीम को जीत दिवा देलस लो।

भारत के पारी, कप्तान रोहित डक पs आउट

भारत के सुरुआत बहुते खराब रहल आ कप्तान रोहित शर्मा पहिला पारी के पहिलके गेंद पs गोल्डन डक पs आउट हो गइले। सूर्यकुमार यादव 6 गेंदन पs 11 रन बनाकर आउट हो गइले। पहिला मैच में डक पर आउट होखे वाला श्रेयस अय्यर 10 रन पs आपन विकेट गंवा देले। रिषभ पंत 12 गेंदन पs दुगो छक्का आ एगो चउका के मदद से तेज 24 रन के पारी खेलले, बाकिर अकील हुसैन के गेंद पs कैच आउट हो गइले। हार्दिक पांड्या 31 गेंदन पs 31 रन बनवले आ जेसन होल्डर के गेंद पs आउट भइले। रवींद्र जडेजा एगो छक्का के मदद से 27 रन बनवले आ कैच आउट हो गइले।

दिनेश कार्तिक एह मैच में ना चल पवले आ ऊ 13 गेंदन के सामना करत 7 रन के पारी खेलले। आर अश्विन 10 रन तs भुवनेश्वर कुमार खाली एक रन बनाके आउट हो गइल लो। आवेश खान 8 रन बनाके आपन विकेट गंववले तs ओहिजा अर्शदीप सिंह एक रन पs नाबाद रहले। वेस्टइंडीज के तरफ से मैककॉय 4 ओवर में 17 रन देके 6 विकेट लेले।

रवि बिश्नोई के जगे आवेश के मिला मौका

भारत के प्लेइंग इलेवन में एगो बदलाव कइल गइल आ आवेश खान के स्पिनर रवि बिश्नोई के जगह टीम में शामिल कइल गइल। ओहिजा एह मैच खातिर वेस्टइंडीज के टीम में दुगो बदलाव कइल गइल।

भारत के प्लेइंग इलेवन

रोहित शर्मा (कप्तान), रिषभ पंत (विकेटकीपर), श्रेयस अय्यर, सूर्यकुमार यादव, हार्दिक पांड्या, दिनेश कार्तिक, रवींद्र जडेजा, आवेश खान, भुवनेश्वर कुमार, रविचंद्रन अश्विन, अर्शदीप सिंह।

वेस्टइंडीज के प्लेइंग इलेवन

ब्रैंडन किंग, शिमरोन हेटमायर, रोवमैन पॉवेल, निकोलस पूरन (कप्तान और विकेटकीपर), काइल मेयर्स, जेसन होल्डर, अकील होसेन, ओडियन स्मिथ, डेवोन थॉमस, अल्जारी जोसेफ, ओबेद मैककॉय।

304100cookie-checkInd vs WI 2nd T20I: वेस्टइंडीज कइलस पलटवार, दूसरा T20I में भारत के 5 विकेट से हार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.