[the_ad_group id="30365"]

रूस में बढ़ल मांग, यूपी से भेजल जाई फल-सब्जी, कीट मुक्त क्षेत्र में फसल उगवले के शर्त हटवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रूस अउर यूक्रेन के बीच हो रहल युद्ध अउर विश्व के अनेक देशन द्वारा प्रतिबंध लगावल गइले के चलते रूस में भारतीय सामान के मांग तेजी से बढ़ल बा। एकर लाभ अब उत्तर प्रदेश के मिली। इहां से अब रूस खातिर फल अउर सब्जियन के निर्यात कइल जाई। एकरे खातिर रूस कई फल अउर सब्जियों पर कीट मुक्त क्षेत्र में उगावे के शर्त हटा लिहले बा।

कृषि अउर प्रसंस्कृत खाद्य उत्पाद निर्यात विकास प्राधिकरण (एपीडा) के महाप्रबंधक यूके वत्स कृषि निर्यात विभाग के भेजल चिट्ठी में कहले बानें कि रूस कई फल अउर सब्जियन के निर्यात पर कीट मुक्त क्षेत्र में उगावल गइले के शर्त में ढील दिहले बा।

नेशनल प्लांट प्रोटेक्शन आर्गेनाइजेशन रूस साफ कs दिहले बा कि केला, पपीता, अनानास, संतरा समेत अन्य फल के साथ बैंगन, भिंडी, कद्दू, करेला, हरी मिर्च, प्याज, सोयाबीन आदि सब्जियन पर निर्यात के छूट होई।

एकरे बाद प्रदेश के कृषि विदेश व्यापार अउर निर्यात विभाग निर्यातकन से संपर्क साधल शुरू क देहले बा। विभाग के उप निदेशक सुग्रीव शुक्ला के मुताबिक विभाग फल, सब्जी के निर्यात पर आए वाले किराए में 25 प्रतिशत के अनुदान भी देला। अइसे में एह समय निर्यातकन खातिर नगदे अच्छा मौका बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]