[the_ad_group id="30365"]

टोयोटा किर्लोस्कर मोटर के वाइस चेयरपर्सन विक्रम किर्लोस्कर के निधन, राजनीतिक आ बिजनेस हस्ती लोग जतावल दुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के ऑटोमोटिव उद्योग के दिग्गज आ टोयोटा किर्लोस्कर मोटर के वाइस चेयरपर्सन विक्रम एस. किर्लोस्कर के मंगर के निधन हो गइल। ऊ 64 बरिस के रहलें। सुरुआती रिपोर्टन के मोताबिक विक्रम किर्लोस्कर के दिल के दौरा पड़ला से निधन भइल बा।

मंगर के देर रात कंपनी ट्वीट कs के कहलस कि 29 नवंबर 2022 के टोयोटा किर्लोस्कर मोटर के वाइस चेयरमैन विक्रम एस. किर्लोस्कर के असामयिक निधन के सूचना देते हमनी के बहुते दुख हो रहल बा। दुख के एह घड़ी में हमनी सभे प्रार्थना करत बानी सs कि उनका आत्मा के शांति मिले।

कंपनी बयान में कहलस कि हमनी के उनका परिवार आ दोस्तन के प्रति गहिराह संवेदना व्यक्त करत बानी सs। अंतिम सम्मान आज 30 नवंबर 2022 के दुपहरिया 1 बजे बेंगलुरु के हेब्बल श्मशान घाट में कइल जा सकत बा।

किरण मजूमदार-शॉ व्यक्त कइली दुख

ओहिजा, बेंगलुरु मुख्यालय वाला बायोफार्मास्यूटिकल्स कंपनी बायोकॉन के कार्यकारी अध्यक्ष किरण मजूमदार-शॉ कहलें कि विक्रम के निधन के चउकावे आला खबर से दिल टूट गइल। ऊ एगो अइसन प्रिय मित्र रहस जिनका के हम बहुत इयाद करेम। हम गीतांजलि मानसी आ परिवार के दरद आ असहनीय दुख के साझा करत बानी।

परिवार आ संघतिया लोगन के अपूर्णीय क्षति सहे के मिले शक्ति: सीएम बोम्मई

कर्नाटक के मुख्यमंत्री बसवराज बोम्मई विक्रम के निधन पs गहिराह दुख व्यक्त कइलें। सीएम ट्वीट करत कहलें, ‘भारत के मोटर वाहन उद्योग के दिग्गजन में से एगो टोयोटा किर्लोस्कर मोटर के वाइस प्रेसीडेंट विक्रम किर्लोस्कर के दुखद आ असामयिक निधन पs गहिराहर दुख भइल बा। उनका आत्मा के शांति मिलो। भगवान परिवार आ संघतिया लोगन के एह अपूर्णीय क्षति के सहे के शक्ति प्रदान करसs।’

काग्रेस सांसद कहलें, हमनी के मुलाकातन के बा कुछ निम्मन इयाद

एकरा संगही कांग्रेस सांसद कार्ति चिदंबरम किर्लोस्कर के निधन पs दुख आ शोक व्यक्त कइलें। ऊ कहलें कि टोयोटा किर्लोस्कर के वाइस चेयरमैन विक्रम किर्लोस्कर के निधन से बहुते दुख भइल बा। हमनी के मुलाकातन के कुछ निम्मन इयाद बा। उनका परिवार, दोस्तन और सहयोगियन के प्रति संवेदना।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]