[the_ad_group id="30365"]

इनकम टैक्स के छापा: डोलो-650 के निर्माता के ठिकानन पs आईटी छापा, टैक्स चोरी के ममिला में करवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आयकर विभाग बुध के दिने लोकप्रिय दवाई डोलो-650 बनावे वाली कंपनी माइक्रो लैब्स लिमिटेड बेंगलुरु के कार्यालय में छापा मरलस। खबर के मोताबिक बेंगलुरु के रेस कोर्स रोड पs इस्थित दवाई कंपनी के परिसर में आयकर विभाग के 20 अधिकारी छापामारी कइल लो।

आईटी विभाग से जड़ल सूत्रन के मोताबिक, बुध के आयकर विभाग के 200 अधिकारी देश के 40 जगहन पs कंपनी के परिसर में छापामारी कइल लो। जवना जगहन पs छापामारी भइल बा, ओमे बेंगलुरु के अलावे नई दिल्ली, सिक्किम, पंजाब, तमिलनाडु अवुरी गोवा के कार्यालय शामिल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक माइक्रो लैब के सीएमडी दिलीप सुराना अवुरी निदेशक आनंद सुराना के आवासो पs छापेमारी कइल गइल।

खबरन के मोताबिक, छापामारी के दौरान आयकर विभाग के अधिकारी बेंगलुरु के माधवनगर में रेस कोर्स रोड पs इस्थित डोलो-650 टैबलेट बनावे वाली कंपनी माइक्रो लैब्स लिमिटेड के कार्यालय से कई गो महत्वपूर्ण दस्तावेजन के जांच कइल लो। सूत्रन के मोताबिक कर चोरी के ममिला में आयकर विभाग इ कार्रवाई कइले बिया।

सूत्रन के मोताबिक कोविड-19 महामारी के दौरान कंपनी के भारी मुनाफा भइल रहे। जानकारी के अनुसार, कंपनी 2020 में कोविड-19 के प्रकोप के बाद से 350 करोड़ रुपया के टैबलेट बेच चुकल बिया अवुरी एक साल में 400 करोड़ रुपया के राजस्व कमा चुकल बिया, जेसे उ सभ प्रतिद्वंद्वी कंपनी के पछाड़ देले बिया। बता दीं कि कोरोना महामारी के लहर के दौरान माइक्रो लैब्स लिमिटेड के दवाई डोलो (पैरासेटामोल) के बिक्री से सभ रिकॉर्ड टूट गइल रहे।

विशेषज्ञन के माने के बा कि बाजार में डोलो-650 टैबलेट पेरासिटामोल टैबलेट के पर्याय बन रहल बा। एकर प्रसिद्धि के तुलना जेरोक्स अवुरी बिस्लेरी जइसन ब्रांड से कइल गइल बा। कोरोना महामारी के चरम पs मेडिसिन के सबसे पसंदीदा स्नैकस के रूप में सोशल मीडिया पर डोलो-650 ट्रेंड करत रहे।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]