Syria News: सीरिया में मिलिट्री बस प विस्फोट, 18 जवानन के मौत आ 27 जख्मी

Anurag Ranjan

बेरुत, एपी। सीरिया के राजधानी दमिश्क के नियरा बियफे के मिलिट्री बस प विस्फोट के ममिला सामने आइल बा। एमे 18 जवानन के मौत हो गइल आ 27 जख्मी हो गइले। सीरियाई मीडिया सैन्य सूत्रन के हवाले से ई जानकारी देलस।

पिछिला कुछ सालन में एह तरह के कइयन गो हमला भइल बा जेमे दर्जनन लोगन के मौत भइल बा आ दर्जनन जख्मी बा लो। बीतल महीना मार्च में आतंकियन द्वारा सेंट्रल सीरिया में पालमायरा के लगे सैन्य बस प हमला कइल गइल रहे। एमे 13 सैनिकन के मौत हो गइल रहे। आ 18 जख्मी रहे लो।

सीरियाई अधिकारी एह तरे के हमलन खातिर इस्लामिक स्टेट के आतंकियन के जिम्मेवार बतावल लो। ई आतंकी गुट दक्षिण आ सेंट्रल सीरिया में सक्रिय रहल बा। 2019 में इस्लामिक स्टेट के कब्जा से सेंट्रल सीरिया के आजाद करा लिहल गइल रहे।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।