[the_ad_group id="30365"]

काव्य गोष्ठी “आरंभ: एक आगाज” के भइल आयोजन, दिखल नवहा कवियन के प्रतिभा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। शहर के बेतियाहाता इस्थित एगो निजी होटल में एगो काव्य गोष्ठी ‘आरंभ: एक आगाज’ के आयोजन अतवार के कइल गइल। एह साहित्यिक आयोजन के अध्यक्षता भोजपुरी के प्रख्यात कवि सुभाष चन्द्र यादव कइलें, जबकि मुख्य अतिथि के रूप में प्रेस क्लब के अध्यक्ष मार्कंडेय मणि त्रिपाठी उपस्थित रहलें।

विशिष्ट अतिथियन में पार्षद जनाब जिया उल इस्लाम, प्रख्यात भोजपुरी लोक गायक, संगीत नाटक अकादमी के पूर्व सदस्य डॉ. राकेश श्रीवास्तव आ रेलवे के पूर्व राजभाषा अधिकारी अरशद मिर्ज़ा उपस्थित रहलें।

एह गोष्ठी में कवि लोग अपना रचनन से सभे के मन मोह लिहल। मंच पर काव्य पाठ करे वाला कवि लोगन में निशा राय, प्रीती मिश्रा, अजय यादव, यशवंत यशस्वी, अमर हिंदुस्तानी, शिवेंद्र मणि त्रिपाठी आ सत्यम देव सत्यम प्रमुख रहलें। कार्यक्रम के संयोजन प्रदीप मिश्र कइलें, जबकि आयोजन के जिम्मेदारी कवि प्रेमनाथ मिश्र निभवलें।

अध्यक्षीय उद्बोधन देत कार्यक्रम अध्यक्ष सुभाष चंद्र यादव सब रचनाकारन के ओह लोगन के रचनन खातिर बधाई देत  कहलें कि हमरा उम्मीद बा कि एमे से कइयन लोग आवे वाला समय में राष्ट्रीय अंतरराष्ट्रीय स्तर के कार्यक्रमन में आपन स्थान बनइहें। एह लोगन के कविता में ऊ तेज बा जवन एकरा के शोहरत के नया बुलंदियन तक पहुंचाई।

अंतरराष्ट्रीय लोक गायक आ भाई संस्था के अंतरराष्ट्रीय अध्यक्ष डॉ. राकेश श्रीवास्तव कहलें कि अइसन काव्य गोष्ठी नया रचनाकारन खातिर अत्यंत लाभदायक बा।

 

मुख्य अतिथि मार्कंडेय मणि त्रिपाठी एह कार्यक्रम के एगो सफल आयोजन बतावत सब कवियन के सुभकामनाएं देलें आ एह तरे के आयोजनन में आपन निरंतर उपस्थिति दर्ज करावे के इच्छा जतवलें। नगर पार्षद जिया उल इस्लाम एह प्रकार के आयोजनन के महत्ता पs प्रकाश डलले आ हर संभव सहजोग के आश्वासन देलें।

मंच संचालन के दायित्व शायर वकार वाहिद बखूबी निभवलें। अंत में गीतकार प्रेमनाथ मिश्र के ओर से सब आगंतुकन के प्रति धन्यवाद ज्ञापन कs के अगिला आयोजन तक कार्यक्रम के स्थगन के घोषणा कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]