[the_ad_group id="30365"]

वार्षिक खेलकूद प्रतियोगिता समारोह के पहिला दिने भइल कइयन गो खेलन के शानदार मुकाबला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिविल लाइन्स गोरखपुर इस्थित एच.पी. डिफेन्स एकेडमी के वार्षिक खेलकुद समारोह के पहिला दिन आजु दिनांक 9 नवम्बर के हर्षोल्लास के साथे मनावल गइल। बुध के रीजनल स्टेडियम के मैदान में आयोजित एह समारोह के मुख्य अतिथि श्रीमती अर्चना शाही अउर रिटायर्ड कर्नल बी.पी.शाही रहनें। एकरा अलावे आउर गणमान्य अतिथि लोग उपस्थित रहल। मुख्य अतिथि जी फीता काट के आ दिया जरवला के बाद हवा में गुब्बारा छोड़ के अउर मशाल जरा के कार्यक्रम के शुरुआत कइलें। एहमें छात्र-छात्रा लोग अलग-अलग प्रस्तुतियन से उपस्थित जनसमूह के मन मोह लिहल लो।

100 मीटर रेस में पहिला स्थान मौज, दूसरा स्थान लाइवा अउर तीसरा स्थान आर्या गुप्त के मिलल।
200 मीटर के छात्रन के रेस में पहिला स्थान आदित्य, दूसरा स्थान अंकुल अउर तीसरा स्थान पर रजत पटेल रहलें।
200 मीटर के छात्रा लोग के रेस में पहिला स्थान जया यादव, दूसरा स्थान अलीना अउर तीसरा स्थान पर इशयित रहली।
400 मीटर रेस जूनियर वर्ग में पहिला स्थान प अमन तिवारी, दूसरा स्थान प अनुराग अउर तीसरा स्थान प यजनेश सिंह रहलें।
400 मीटर रेस सीनियर वर्ग में पहिला स्थान प रिशिका, दूसरा स्थान प आयूषी अउर तीसरा स्थान प नबीहा रहली।

एकरे अलावा खो-खो आ कबड्डी प्रतियोगितो सम्पन्न भइल, खो-खो प्रतियोगिता में प्रबल सदन पहिला स्थान प रहल। कबड्डी प्रतियोगिता में पहिला स्थान प प्रबल सदन, दूसरा स्थान प प्रगति सदन अउर तीसरा स्थान प प्रताप सदन रहल।

आयोजन के मुख्य अतिथि अपना उद्बोधन में कहलें कि विद्यालयन में खेलकूद के बहुत बड़ महत्त्व होला। खेलकूद से लइकन के भविष्य संवारल जा सकत बा।

प्रतियोगिता के पहिला दिन के सकुशल संचालन में विद्यालय परिवार के जुबैर खान (प्राचार्य), श्रीमती अर्चना पाण्डेय, श्री विनोद, श्रीमती निधि पाण्डेय, विजय कुमार श्रीवास्तव, ज्योति अग्रवाल, मायरा अउर बाकि शिक्षक लोग के महत्त्वपूर्ण जोगदान रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]