सेंट्रल डेस्क: मानसून के तेज रफ्तार के बीच देस के जादेतर हिस्सन में जून में सामान्य से जादे बरखा होखला के आसार बा। मौसम विभाग एह मानसून सीजन खातिर दूसरका चरण के दीर्घावधि पूर्वानुमान जारी करत बतवलस कि जून में लमहर अवधि के औसत बारिश 166.9 मिमी होला। अबकी बेर एकरा 108 फीसदी माने औसत से जादे होखला के उम्मेद बा। एसे अनुमान बा कि अधिकतम पारा जादे ना रही, लू ना चली।
मौसम विभाग के अनुमान- एह जगहन पs सामान्य से कम बरखा हो सकत बा
पृथ्वी विज्ञान मंत्रालय में सचिव एम रविचंद्रन मंगर के बतवलें कि अगिला महीना जादेतर हिस्सन में सामान्य से जादे बरखा होखे के उम्मेद बा। हालांकि, प्रायद्वीपीय भारत के दक्षिणी हिस्सा, उत्तर-पश्चिम आ पूर्वोत्तर के कुछ हिस्सन में सामान्य से कम बरखा हो सकत बा।
मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, ओडिशा में अच्छा बरखा के आसार
मौसम विभाग के महानिदेशक मृत्युंजय महापात्र कहलें कि जून से सितंबर तक 87 सेमी के दीर्घावधि औसत के 106 फीसदी बरखा होखे के संभावना बा। कृषि के लिहाज से मानसून के मुख्य क्षेत्र माने मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, ओडिशा के अगल-बगल सामान्य से जादे (दीर्घावधि औसत के 106 प्रतिशत) बरखा होखे के संभावना बा।
अहिल्यानगर में सेना चलवलस बचाव अभियान
महाराष्ट्र के अहिल्यानगर जिला के खाड़की में सेना मानवीय सहायता आ आपदा राहत अभियान चलवलस। तेज बरखा के कारण एह क्षेत्र में कमर तक पानी भर गइल बा। कइयन गो लोग पानी में फंसल बा। सेना के बख्तरबंद कोर केंद्र आ स्कूल से करीब 20 किमी दूर इस्थित ई गांव बढ़त जलस्तर के कारण गंभीर इस्थिति के सामना कs रहल बा।
पंजाब-हरियाणा में सामान्य से कम बरखा के संभावना
मौसम विभाग के मोताबिक, लद्दाख, हिमाचल प्रदेश के अगरी-कगरी के क्षेत्र, पूर्वोत्तर के राज्य आ बिहार, झारखंड, प. बंगाल व ओडिशा के कुछ हिस्सन के छोड़के जादेतर हिस्सन में सामान्य से जादे बरखा के उम्मेद बा। पंजाब, हरियाणा, केरल आ तमिलनाडु के कुछ इलाकन में सामान्य से कम बरखा हो सकत बा। मौसम विभाग के कहनाम बा, जून में उत्तर-पश्चिम भारत आ मध्य आउर पूर्वी भारत में लू वाला दिनन के संख्या सामान्य से कम रह सकत बा।
जम्मू-कश्मीर में जून मध्य तक पहुंच सकत बा मानसून
देस के कइयन हिस्सन में समय से पहिले पहुंचल मानसून अबकी बेर जून मध्य से आखिर तक जम्मू-कश्मीर पहुंच सकत बा। मानसून अमूमन जून के अंत भा जुलाई के पहिला हफ्ता में इहां दस्तक देला। एही अवधि में श्री अमरनाथ यात्रा सुरू होला। 2024 में जून के आखिर में प्री मानसून के बरखा के बाद जुलाई के सुरू में मानसून पूरा तरे से दस्तक देले रहे।
उत्तर भारत में झुलसा रहल बा गरमी, पूर्वोत्तर में हो रहल बा बरखा
बता दीं कि एह साल भारत के हिस्सन में मौसम के मिजाज अलग-अलग दिख रहल बा। एक ओर जहां उत्तर भारत प्रचंड गर्मी आ लू के चपेट में बा, ओहिजा दक्षिण आ पूर्वोत्तर के राज्यन में प्री-मानसून गतिविधियन के कारण झमाझम बरखा हो रहल बा। महाराष्ट्र के कइयन इलाकन में मानसून के दस्तक के संगही जलभराव के समस्या विकराल रूप में सामने आवे लागल बा। आलम ई बा कि पंपिंग सेट संचालकन के पसीना छूटे लागल बा।
Read Also: JAC Board 10th Result 2025: जैक बोर्ड 10वीं के रिजल्ट 91.71% रहल, गीतांजलि प्रदेश में पहिला नंबर पs