गोरखपुर जनता दर्शन: CM योगी के निरदेस- अवैध कब्जा, कमजोरन के उजाड़े वालन के कवनो सूरत में ना बख्शल जाव

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2025

गोरखपुर: सोमार के सांझगोरखपुर आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर में रात के ठहरला के बाद मंगर के सबेरे जनता दर्शन में आइल लोगन से मुलाकात कइलें। धेयान से ओह लोगन के समस्या सुनलें आ

Share

गोरखपुर: सोमार के सांझगोरखपुर आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर में रात के ठहरला के बाद मंगर के सबेरे जनता दर्शन में आइल लोगन से मुलाकात कइलें। धेयान से ओह लोगन के समस्या सुनलें आ अधिकारियन के निरदेसित कइलें कि जन समस्यन के निस्तारण संवेदनशीलता आ तत्परता से कइल जाव।

एमे तनिको लापरवाही ना होखे के चाहीं। ऊ कहलें कि हर समस्या के निस्तारण गुणवत्तापूर्ण, पारदर्शी आ संतुष्टिपरक होखे के चाहीं। मुख्यमंत्री अधिकारियन से कहलें कि जनता के हर समस्या के समाधान सरकार के प्रमुख प्राथमिकता बा।

गोरखनाथ मंदिर परिसर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन के सामने आयोजित जनता दर्शन में कुर्सियन पs बइठावल गइल लोगन तक मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ खुद पहुंचलें आ एक-एक कsके सबकर समस्या सुनलें। ऊ करीब 250 लोगन से मुलाकात कइलें।

ऊ सबका के आश्वस्त कइलें कि हर व्यक्ति के न्याय दिलावल जाई। सबका प्रार्थना पत्रन के संबंधित अधिकारियन के संदर्भित करत त्वरित निस्तारण के निरदेस देला के संगे मुख्यमंत्री लोगन के भरोसा दिलवलें कि सरकार हर पीड़ित के समस्या के समाधान करावे खातिर संकल्पित बिया।

सीएम अफसरन से कहलें कि केहू के संगे अन्याय ना होखे के चाहीं। हर पीड़ित के संगे संवेदनशील बेवहार अपनावत ओकर सहायता कइल जाये के चाहीं। ऊ अधिकारियन के इहो निरदेस देलें कि केहू के जमीन पs अवैध कब्जा करे वाला, कमजोरन के उजाड़े वाला कवनो सूरत में बख्शल ना जाई लोग। ओह लोगन के खिलाफ कड़ा कानूनी कार्रवाई कइल जावs।

मुख्यमंत्री के सोझा जनता दर्शन में कइयन गो लोग इलाज खातिर आर्थिक सहायता के गुहार लेके पहुंचल रहे। सीएम योगी ओह लोगन के आश्वस्त कइलें कि सरकार इलाज खातिर भरपूर मदद करीं। ओह लोगन के प्रार्थना पत्रन के अधिकारियन के हस्तगत करत मुख्यमंत्री निरदेस देलें कि इलाज से जुड़ल इस्टीमेट के प्रक्रिया के जल्दी से जल्दी पूर्ण करा के शासन में उपलब्ध करावल जाई।

जनता दर्शन में कुछ महिला लोग अपना लईकन के संगे पहुंचल रहे। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एह लईकन के प्यार-दुलार करत चॉकलेट आ उज्ज्वल भविष्य के आसिरबाद देलें।

एह दौरान अपना मां के संगे आइल लइकी के समस्या के समाधान खातिर सीएम से मिलल आत्मीय भरोसा पs कृतज्ञता व्यक्त करे कs तs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ओकरा माथा पs हाथ फेरके आसिरबाद देके ई भाव प्रकट कइलें कि उनका शासन में केहूओ के चिंता करे के आवश्यकता नइखे।

Read Also: Corona Alert: देस में बढ़ रहल बा कोरोना के खतरा; पिछला एक हफ्ता में 750 नया केस आइल, दिल्ली में आंकड़ा 100 के करीब

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.