[the_ad_group id="30365"]

इमरान के गइल हर दाव बेकार, नाइ बचा पवनें सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मतदान के समय 69 वर्षीय खान निचला सदन में हाजिर नाइ रहने अउर उनकर पार्टी पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के सांसद लोग बहरा के रस्ता देखल। हालांकि, पीटीआई के बागी सदस्य सदन में हाजिर रहने। खान के हटावल गइले के बाद सदन के नया नेता के चुनाव के प्रक्रिया के रस्ता साफ हो जाला।

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री इमरान खान आखिर में सियासी पिच पर क्लीन बोल्ड हो गइने। नेशनल असेंबली में अविश्वास प्रस्ताव पs मतदान टरले के हर प्रयास शनिवार आधी रात बाद नाकाम हो गइल। आधा रात बाद मतदान में अविश्वास प्रस्ताव पारित कs देहल गइल। हार के बाद इमरान देर रात पीएम हाउस छोड़ देहनें। प्रस्ताव के पक्ष में 174 वोट पड़ल। एह दौरान इमरान अउर उनकर पार्टी के सांसद सदन में हाजिर नाइ रहने।

एसे पहिले, पीएमएल-एन नेता शहबाज शरीफ के नेतृत्व में विपक्ष के भारी दबाव अउर सुप्रीम कोर्ट के रात 12ः30 बजे सुनवाई कइला के तैयारी के देखत असेंबली के स्पीकर असद कैसर अउर डिप्टी स्पीकर कासिम खान सूरी इस्तीफा दे देहनें। दूनोें असेंबली के प्रभारी पीठासीन अधिकारी अयाज सादिक के आपन इस्तीफा सौंप के आगे के कार्यवाही चलवले खातिर अधिकृत कर देहनें। विपक्षी दल पीएमएल-एन के सदस्य सादिक मतदान के प्रक्रिया शुरू कइने त इमरान के पार्टी पीटीआई के सदस्य सदन से बाहर निकल गइनें। सत्ता पक्ष के गैरहाजिरी में रात करीब 12ः40 बजे ले अविश्वास प्रस्ताव पारित हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]