Mashrak: अवैध सीमेंट लदल ट्रक वाणिज्य कर विभाग के टीम ने पकड़लस

Share

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी, मशरक सारण: मशरक के यदु मोड़ प प्रिंस हार्डवेयर के सामने खड़ा सीमेंट लदल एगो ट्रक के सारण प्रमंडल वाणिज्य कर विभाग के चलंत छापेमारी दल प्रभारी पकड़ लेलें। चलंत छापेमारी दल क ओर से पकड़ल गइल ट्रक चालक से सीमेंट के कागजात मांगल गइल। ट्रक चालक के द्वारा कागजात ना देखवला प सीमेंट सहित ट्रक के मशरक थाना पुलिस के सुपुर्दगी में दे दिहल गइल।

ममिला में अधिकारी लोग बतावल कि जांच के दौरान सीमेंट लदल ट्रक जब्त कइल गइल, ओहिजा चालक के द्वारा कवनो कागजात ना देखवला से प्रतीत होत बा कि सरकार के टैक्स के चोरी कइल जा रहल बा। अधिकारी लोग बतावल कि मशरक के यदु मोड़ प प्रिंस हार्डवेयर के इहां ट्रक संख्या BR04A 3251 में अम्बुजा सीमेंट लदल खड़ा रहे। एही दौरान चलंत छापेमारी दल प्रभारी टीम के संगे पहुंच गइलें आ ट्रक चालक से सीमेंट के कागजात आ टैक्स रसीद के मांग कइल गइल। ट्रक चालक के ओर से कागजात ना देखवला प सीमेंट सहित ट्रक के मशरक थाना में ले जाके पुलिस के सुपुर्दगी में दे दिहल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-