Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

काशीयात्रा में अपने हुनर के जादू बिखेरिहें आईआईटीयंस, सात हजार से ढ़ेर प्रतिभागी होइहें शामिल

202

आईआईटी बीएचयू के वार्षिक सांस्कृतिक उत्सव काशीयात्रा-2023 में कला, साहित्य के साथही संस्कृति के संगम होई। 20 से 22 जनवरी तक तीन दिवसीय एह उत्सव में देश भर के आईआईटीयंस शामिल होइहें। उत्सव में आईआईटी, तकनीकी कॉलेज से सात हजार से अधिक भावी इंजीनियरन शिरकत होई।

आईआईटी बीएचयू में तकनीकी उत्सव टेक्नेक्स, काशीयात्रा सहित कई आयोजन होला। एह बेर 20 से 22 जनवरी ले काशीयात्रा के आयोजन हो रहल बा। एकर तैयारी जोर शोर से चल रहल बा। समारोह में एह बेर आईआईटी बीएचयू के अलावा पटना, रूड़की, कानपुर, खडगपुर, दिल्ली, भुवनेश्वर सहित कई तकनीकी संस्थान, कॉलेज के प्रतिभागी अलग-अलग आयोजन में बेहतरीन प्रदर्शन करत नजर अइहें। आयोजन खातिर गठित छात्रन के टीम अपनियो समारोह के भव्यता के तैयारी तेज कs दिहले बा।

60 से अधिक कार्यक्रम में शामिल होइहें आईआईटीयंस

आईआईटी में 20 से 22 जनवरी यानी तीन दिन ले चले वाले उत्सव में 60 से अधिका कार्यक्रम होई। एहमें आईआईटी, अन्य तकनीकी संस्थान समेत 300 से अधिक कॉलेज के प्रतिभागी शामिल होइहें। तीन दिन में होखे वाले आयोजन में अभिनय, संगीत के आयोजन बंदिश, म्यूजिक बैंड इवेंट, ललित कला, क्विज, लाइफ स्टाइल इवेंट, डांस इवेंट, लिट्रेरेरी इवेंट, ईडीएम नाईट, फ्यूजन, बालीवुड नाइट, इंटरनेशनल कार्निवाल समेत कई कार्यक्रम होई।

432240cookie-checkकाशीयात्रा में अपने हुनर के जादू बिखेरिहें आईआईटीयंस, सात हजार से ढ़ेर प्रतिभागी होइहें शामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.