[the_ad_group id="30365"]

काशीयात्रा में अपने हुनर के जादू बिखेरिहें आईआईटीयंस, सात हजार से ढ़ेर प्रतिभागी होइहें शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईआईटी बीएचयू के वार्षिक सांस्कृतिक उत्सव काशीयात्रा-2023 में कला, साहित्य के साथही संस्कृति के संगम होई। 20 से 22 जनवरी तक तीन दिवसीय एह उत्सव में देश भर के आईआईटीयंस शामिल होइहें। उत्सव में आईआईटी, तकनीकी कॉलेज से सात हजार से अधिक भावी इंजीनियरन शिरकत होई।

आईआईटी बीएचयू में तकनीकी उत्सव टेक्नेक्स, काशीयात्रा सहित कई आयोजन होला। एह बेर 20 से 22 जनवरी ले काशीयात्रा के आयोजन हो रहल बा। एकर तैयारी जोर शोर से चल रहल बा। समारोह में एह बेर आईआईटी बीएचयू के अलावा पटना, रूड़की, कानपुर, खडगपुर, दिल्ली, भुवनेश्वर सहित कई तकनीकी संस्थान, कॉलेज के प्रतिभागी अलग-अलग आयोजन में बेहतरीन प्रदर्शन करत नजर अइहें। आयोजन खातिर गठित छात्रन के टीम अपनियो समारोह के भव्यता के तैयारी तेज कs दिहले बा।

60 से अधिक कार्यक्रम में शामिल होइहें आईआईटीयंस

आईआईटी में 20 से 22 जनवरी यानी तीन दिन ले चले वाले उत्सव में 60 से अधिका कार्यक्रम होई। एहमें आईआईटी, अन्य तकनीकी संस्थान समेत 300 से अधिक कॉलेज के प्रतिभागी शामिल होइहें। तीन दिन में होखे वाले आयोजन में अभिनय, संगीत के आयोजन बंदिश, म्यूजिक बैंड इवेंट, ललित कला, क्विज, लाइफ स्टाइल इवेंट, डांस इवेंट, लिट्रेरेरी इवेंट, ईडीएम नाईट, फ्यूजन, बालीवुड नाइट, इंटरनेशनल कार्निवाल समेत कई कार्यक्रम होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]