[the_ad_group id="30365"]

पांच साल में पहिला बेर नयका साल में साफ बेयार, एयर क्वालिटी इंडेक्स 100 से नीचे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नयका साल में पांच बरिस में पहिला बार ताजनगरी के हवा साफ रहल। वर्ष 2019 से बरिस 2023 के बीच जनवरी के पहिले तीन दिन में ई पहिला मौका ह, जब एयर क्वालिटी इंडेक्स (एक्यूआई) 100 से नीचे रहल बा। हर बेर ताजनगरी के बेयार जनवरी के शुरुआत में बहुते खतरनाक अउर गंभीर स्तर पs रहेले।

केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के पांच साल के रिकॉर्ड में सबसे खराब हवा 2 जनवरी 2022 के रहल, जब एयर क्वालिटी इंडेक्स 489 ले पहुंच गइल, जबकि सबसे निम्मन हवा एह साल दू जनवरी के रहल, जब एक्यूआई केवल 63 रिकॉर्ड कइल गइल। संजय प्लेस ऑटोमेटिक मॉनीटरिंग स्टेशन पर दर्ज कइल गइल ई आंकड़ा नयका साल में लोग खातिर सुकून भरल रहल।

उप्र प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के क्षेत्रीय अधिकारी डॉ. विश्वनाथ शर्मा  बतवलें कि एयर एक्शन प्लान के तहत हमनी के एक साल में नगदे काम कइल गइल बा। जौन निर्धारित मानक बा, ओकर दूसर विभाग से पालन करा रहल बानें। पालन न कइले पर मेट्रो, जलनिगम, एडीए समेत कई विभाग पर जुर्माना लगावल गइल बा।

एक्यूआई सुधरले के कारण

  • फतेहाबाद रोड पर माटी के खुदाई के काम एह साल नाइ भइल।
  • इनर रिंग रोड के ओर धूल माटी पर पानी के छिड़काव।
  • आवास विकास में सीवर लाइन खुदाई पs पानी के छिड़काव
  • डलाबघर, कचरे में आग लगावे के घटना में कमी आइल।

 

दिन 2023   2022 2021  2020 2019
1 जनवरी 77 205 384 274 414
2 जनवरी 63 489 356 318 407
3 जनवरी 83 290 234 232 406
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]