[the_ad_group id="30365"]

इग्नू में स्नातक स्तर पर होई भोजपुरी भाषा के पढ़ाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नयका साल भोजपुरी भाषी विद्यार्थियन खातिर नयका संभावना ले के आइल बा। भोजपुरी अध्ययन के इच्छुक छात्रन खातिर पहिला खुशखबरी ई बा कि इग्नू में स्नातक स्तर के छात्रन खातिर आधुनिक भारतीय भाषा के रूप में भोजपुरी के चुनाव आम विद्यार्थी कs सकतनें, एह पाठ्यक्रम के कोड बीबीएचएलए 135 ह जेके स्नातक डिग्री के कौनहू विद्यार्थी सीबीसीएस सिस्टम के तहत भारतीय भाषा के रूप में पढ़ सकेने।

मालूम होखे कि यूजीसी अउर नई शिक्षा नीति के आलोक में एकर पाठ्य सामग्री तैयार कइल जा रहल बा जेमें वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभाग के अध्यक्ष प्रोफ़ेसर दिवाकर पांडेय के अहम भूमिका रहल। एकरे अलावा विश्वविद्यालय के अंगीभूत इकाई एसपी जैन कॉलेज सासाराम के 2 शिक्षक डॉ गुरु चरण सिंह अउर प्रो राजेंद्र प्रसाद सिंह भी पाठ्यक्रम निर्माण में सहयोग दिहले बानें। मालूम होखे कि इग्नू के अध्ययन केंद्र एचडी जैन कॉलेज आरा, एमवी कॉलेज बक्सर, एसपी जैन कॉलेज सासाराम के अलावा राधा शांता महाविद्यालय तिलौथू अउर कैमूर के शहीद संजय सिंह महिला कॉलेज भभुआ में बा।

एनओयू में पीजी स्तर पs भोजपुरी के कोर्स फिर से शुरु

भोजपुरी भाषा प्रेमी विद्यार्थियन खातिर दूसरका खुशखबरी ई बा कि नालंदा खुला विश्वविद्यालय में भी अगिले सत्र यानी जुलाई 2023-24 से एमए भोजपुरी के कोर्स दूबारा शुरू होखे जा रहल बा।

भोजपुरी छात्र संघ जतवलस खुशी

भोजपुरी छात्र संघ के सदस्य लोग भोजपुरी के अध्ययन खातिर कइल गइल एह गतिविधियन पर हर्ष व्यक्त कइले बानें। संयोजक चंदन सुमन भोजपुरी समाज के आह्वान कइले बानें कि भोजपुरी प्रदेश के छात्रन के अपने मातृभाषा के अध्ययन करे के चाहीं अउर एकरे संरक्षण खातिर आगे आवे के चाहीं। छात्र रवि रंजन कुशवाहा मुख्यमंत्री सचिवालय में चिट्ठी लिख के भोजपुरी में पद सृजित कs के शिक्षक के बहाल करे अउर बिहार के राजभाषा घोषित करे के मांग कइले रहनें। एहसे पहिले पूर्व मुख्यमंत्री जीतनराम मांझी से मिल के भी भोजपुरी संबंधित मांग के रखल गइल रहे।

विश्वविद्यालय में भोजपुरी विषय के पढ़ाई शुरू होखले के आसार

वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के सम्बंधित कालेजन में स्नातक स्तर पर अगले सत्र से भोजपुरी के पढ़ाई चालू करे के ले के आवश्यक कार्य कइल जा रहल बा। बीतल दिन एकेडमी काउंसिल से एहसे संबंधित पाठ्यक्रम भी बन चुकल बा। एन्ने सिंडिकेट के भी प्रस्ताव पर मुहर लग चुकल बा।

मालूम होखे कि सब कुछ ठीक-ठाक रहल त विश्वविद्यालय के सम्बंधित कालेजन में स्नातक स्तर पर भोजपुरी विषय के पढ़ाई सत्र 2023-24 से ही होई। अब भोजपुरी शाहबाद में उपेक्षित नाइ रही। भोजपुरी भाषा में उच्च शिक्षा हासिल करे के चाह रखे वाले विद्यार्थियन खातिर ई निम्मन खबर बा। मालूम होखे कि भोजपुरी के पढ़ाई शुरू करावल गइले मामला पिछले एकेडमिक काउंसिल में उठा था।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]