[the_ad_group id="30365"]

कम खर्चा में घूमे के बा त इ ह 7 बेहतरीन डेस्टिनेशन, गरमी के छुट्टि में फैमिली भी खुश अउर जेब भी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गरमी के छुट्टी : गरमी के छुट्टी शुरू होखे वाला बा, एहसे जदी आप यात्रा करे के योजना बनावत बानी त आपके लगे भारत में यात्रा करे के नाया अवुरी सस्ता विकल्प बा। इहाँ आप अधिकतम 15 हजार रुपया के खर्चा के संगे आसानी से यात्रा क सकतानी। एकरा खातिर रउरा ट्रैवल एजेंट के जरूरत नइखे । रउआँ खुदे योजना बना के भी आसानी से इहाँ जा सकेनी।

 

१-पालमपुर

पालमपुर हिमाचल प्रदेश के कांगड़ा वैली में एगो पहाड़ी स्टेशन बा। ई हरियाली, पहाड़ आ बढ़िया नजारा खातिर मशहूर बा। ई चाय के बागान, जंगल आ धौलाधार रेन्ज खातिर परसिद्ध बा।

२-पार्वती वैली

पार्वती घाटी हिमाचल प्रदेश के कुल्लू जिला में बा। रोमांच के तलाश करे वाला लोग खातिर ई जगह सबसे बढ़िया विकल्प बा। गरमी में शिविर भी होला, जहाँ परिवार के साथे रह सकेनी।

३-ऑली

ऑली उत्तराखंड के चमोली जिला में बा। हिमालयी पहाड़ के बीच स्थित ऑली देहरादून से 270 किलोमीटर दूर बा। बस से इहाँ पहुँचल जा सकेला। ऑली उत्तराखंड के एगो साहसिक पर्यटन स्थल भी बा। इहाँ प्रोफेशनल स्किंग होला।

४- वायनाड

वायनाड केरल के बारह गो जिला में से एगो ह। ई कोझिकोड जिला के नजदीक बा। इहाँ के पहाड़ आ हरियाली यात्री लोग के पसंद बा। इहाँ के झरना, पहाड़ आ घाटी के कारण इहाँ रोमांच पर्यटन खातिर भी लोग आवेला। कॉरपोरेट कर्मचारी इहाँ वीकेंड मनावे आवेले। एह पैकेज में होटल, खाना आ स्थानीय परिवहन के लागत शामिल बा।

५- गोपालपुर

गोपालपुर उड़ीसा के गंजम जिला में बा। ई बंगाल के घाटी के लगे बा। ई ओडिशा के एगो परसिद्ध पर्यटन स्थल भी हवे। एकरा खातिर ट्रेन आ उड़ान दुनों से पहुँचल जा सके ला।

 

६-शिलॉन्ग

मेघालय के राजधानी के रोमांटिक शहर मानल जाला आ कबो-कबो एकरा के पूरब के स्कॉटलैंड भी कहल जाला। शिलॉन्ग अपना पहाड़, झरना आ हरियाली खातिर मशहूर बा।

७-जल्दीपारा

जाल्दापारा नेशनल पार्क पश्चिम बंगाल में बा। ई राष्ट्रीय उद्यान हाथी, गैंडा, शाही बंगाल बाघ, हिरण, जंगली सुअर आ चिरई खातिर परसिद्ध बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]