[the_ad_group id="30365"]

चाहतनी कि बढ़ जाए बचवा के लंबाई त खियावल शुरू कर देईं ई 5 चीज, एह डाइट से लंबाई में दिखे लागी असर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लइके बड़ होत जालें त माता-पिता के ई चिंता खाए लागsला कि उनकर उम्र के साथ-साथ लंबाई भी बढ़ रहल बा कि नाइ। बचवन के वृद्धि अउरी विकास उनके मिले वाले पोषण अउर आस-आसपास के वातावरण पर अत्यधिक निर्भर करsला। पोषण के बात कइल जाव त अगर बचवन के डाइट में उनके जरूरी मात्रा में सेहत के फायदा पहुंचावे वाला तत्व नाइ मिली त या त उनके शरीर के वजन उनके उम्र के अनुसार नाइ दिखी या फेर उनकर लंबाई अउरी कब्बो-कब्बो दूनो ही उम्र के हिसाब से सही नाइ होई। एहीलिए बचवन के खानपान के विशेष ख्याल रखल जरूरी होला। आगे खइले के कुछ अइसने समान के जिक्र कइल गइल बा, जेके डाइट के हिस्सा बनवले पर बचवन के हाइट बढले में मदद मिलsला।

बचवन खातिर लंबाई बढ़ावे वाला तत्त्व

दूध

बचवन खातिर दूध (Milk) बिना कौनो दोराय के सबसे सेहतमंद चीज में से एक बा। दूध में पावल जाए वाला कैल्शियम अउरी प्रोटीन बचवन के हड्डी के मजबूती देवे अउर हड्डियन के विकास में सहायक हवे। एकरे चलते कौनो पाउडर मिलवले बिना भी बचवन के दूध देहल जरूरी ह।

अंडा

अंडा में प्रोटीन (Protein) के अत्यधिक मात्रा पावल जाला। एके बचवन के ब्रेकफास्ट में दिहल जा सकsता। अंडा के मल्टीग्रेन टोस्ट बना के अगर बचवन के दूध के संगे दिहल जाव त ओके प्रोटीन, कॉम्लेक्स कार्ब्स अउरी कैल्शियम के भरपूर मात्रा मिल जाला। एसे लइकन के लंबाई पर त प्रभाव पड़बे करी बल्कि बचवन लमहर समय ले पेट भरल महसूस करी अउर स्कूल में पढ़ाई पs ध्यान लगा पइहें।

फल

बचवन डाइट में अलग-अलग तरह के ताजा फल शामिल होखे के चाहीं। फल में पावल जाए वाले खनिज अउर विटामिन बचवन के लंबाई अउरी सेहत पर अच्छा असर दिखsला। रोजाना बचवन के 2 से 3 फल खाए के चाहीं।

दही

दूध के ही तरे दही भी बचवन के खानपान में शामिल कइल जा सकsता। दही (Curd) बचवन के विटामिन के निम्मन मात्रा देला अउरी कई हद ले कैल्शियम भी जेसे हड्डियन के मजबूती मिलsला।

हरिहर पत्तेदार सब्जी

ज्यादातर बचवे सब्जियन के देख के नाक सिंकोड़े लागेले, खासकर तब जब ई हरिहर दिखाई देला. लेकिन, लंबाई बढ़ावे खातिर जौन तत्व के शरीर के आवश्यक्ता होला, उ एह सब्जियन से बचवन के मिलsला। हरिहर पत्तेदार सब्जी में विटामिन ए, विटामिन सी, विटामिन के, फाइबर, फोलेट, मैग्नीशियम, पौटेशियम, कैल्शियम अउर आयरन पावल जाला। एह चलते इनके बचवन के डाइट के हिस्सा जरूर बनाईं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]