Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सबेरे-सबेरे: मुंहे से बदबू से बानी परेसान, तs दूर करे खातीर करीं ई उपाय

274

 

कुछ लोग दिन में दु बेर ब्रश करेले बाकिर तबहूँ मुंह से बदबू आवेला। जवना लोग के सांस से गंध आवेला, उs लोग दोसरा लोग से बात करे में संकोच करेले.. आ अक्सर कम बात करेले। जवना के चलते आपके व्यक्तित्व पs भी बुरा असर पड़ेला। मुंह से बदबू दूर करे खातीर दांत के बढ़िया से साफ कईल जरूरी बा। दिन में कम से कम दु बेर ब्रश करीं। खास तौर पs खाना खईला के बाद ब्रशिंग करे के चाही। एकरा अलावे पेट के साफ राखे के चाही अवुरी जीभ के भी साफ करे के चाही। भरपूर पानी पी के कुछ घर के बनावल माउथ फ्रेशर के इस्तेमाल करीं। एकरा से बदबू के आसानी से दूर कईल जा सकता।

मुंह के बदबू दूर करे के आसान उपाय

सौंफ अवुरी इलायची चबाईं – जदी मुंह से गंध आवेला तs खाना खईला के बाद सौंफ चाहे इलायची खाईं। एकर खुशबू आपके मुंह से आवे वाला गंध के दूर कs दिही। कई बेर खाना में अइसन चीज होला जवन बाद में गंध आवेला। एही से कमरा में सौंफ अवुरी इलायची के इस्तेमाल प्राकृतिक माउथ फ्रेशर के रूप में कईल जाला।

पुदीना के पत्ता अवुरी लौंग चबाईं – मुंह के बदबू से छुटकारा पावे खातीर पुदीना के पत्ता चबा सकतानी। एहसे मुंह से बदबू कम हो जाई अवुरी ताजगी के एहसास होई। घर में माउथ फ्रेशर के रूप में पुदीना के इस्तेमाल कईल जाला। एकरा अलावे लौंग भी कारगर साबित होखेला। लौंग में बैक्टीरिया रोधी गुण पावल जाला जवन बैक्टीरिया के मार देला।

सेब खाईं- मुंह से बदबू आवत बा तs सेब खाईं। एकरा से मुंह में लार के उत्पादन बढ़ेला, जवन कि गंध कम करे में मदद करेला। सेब में नेचुरल फाइबर होखेला जवन कि आपके पेट के भी साफ राखेला। मुंह में बदबू से छुटकारा पावे खातिर सेब के एगो छोट टुकड़ा मुंह में राखे के चाही। एहसे गंध दूर हो जाई।

गुलाबजल स्प्रे- गुलाबजल के इस्तेमाल माउथ फ्रेशर के रूप में भी कईल जा सकता। एकरा में एंटीसेप्टिक गुण होखेला जवन कि मुंह में मौजूद खराब अवुरी गंदा बैक्टीरिया के मार देवेला। गुलाबजल से भी कुल्ला कs सकेनी। आ फिर एकरा के स्प्रे के रूप में मुँह में डाल सकेनी। एहसे मुंह के बदबू दूर हो जाई।

नीम दातुन– प्राचीन काल में लोग नीम दातुन बनावत रहे। दाँत खातिर नीम बहुत फायदेमंद होला। एहसे मुंह के सही तरीका से साफ करे में मदद मिलेला। नीम से दांत साफ कईला से एकरा में पावल जाए वाला एंटी बैक्टीरियल गुण मुंह से बदबू दूर करे में मदद करेला।

 

 

989370cookie-checkसबेरे-सबेरे: मुंहे से बदबू से बानी परेसान, तs दूर करे खातीर करीं ई उपाय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.