[the_ad_group id="30365"]

चाय के शौकीन बानी त एक बार जरूर ट्राई करीं चाय ,  दोगुना हो जाई चाय के मजा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चाय के शौकीन बानी त एक बार जरूर ट्राई करीं चाय ,  दोगुना हो जाई चाय के मजा 

 

आज रउरा सभे खातिर लेके आईल बानी दुगो अइसन चाय के रेसिपी जेके पीयला के बाद आप भी कहब वाह का चाय बा आइ जानल जा।

भला चाय पीयल केकरा पसंद ना होई देश में शायद ही कोहु अइसन घर आ केहु ऐइसन इंसान होई जे चाय ना पीयत होई। इहा तक की कुछ लोग के दिन के शुरुआत ही चाय से होला एक तरफ जहां कुछ लोग नार्मल दूध के चाय पीयल पसंद करेला त कुछ लोग काला चाय पीयल पसंद करेला, त कुछ लोग गुड़ के चाय । लेकिन का आप जानत बानी कि चाय के कई वरायटी भी होला? जी ह , आपके बता दी कि इ सब चाय के अलावा भी चाय के कई  वीराइटी बा जेसे लोग अनजान बा। अगर आप भी ओमे से बानी त आज हम आपके खातिर लेके आइल बानी दुगो अइसन चाय के रेसिपी जेके पीयले के बाद रउरा  कहब वाह का चाय बा आइ जानल  जाव।

 

बटर टी बनावे खातिर सामग्री

•एक कप – दूध

•आधा चम्मच – मक्खन

•दो चम्मच – चीनी

•एक बड़ा चम्मच – चाय के पत्ती

•नमक तनी सा

•एक कप – पानी

 

बटर टी बनाने की विधि

बटर टी बनावे  खातिर  सबसे पहिले एगो बर्तन में पानी उबाल ली। जब पानी उबल जाए त एमें चाय के पत्ती डालके एके कम से कम 4 से 5 मिनट तक उबाली। 4-5 मिनट बाद एमें दूध डाली अउर फिर एके कुछ देर तक पकाई। जब इ अच्छा तरह से पक जाए त एमे चीनी डाल दी । अब एके अउर कुछ देर तक अच्छा से उबाली । अब एके एगो प्याली में निकाल ली। एकरे  बाद एमे ऊपर से मक्खन के साथ एक चुटकी नमक डाल के अच्छा तरह से मिला ली । आपके गरम-गरम बटर टी बन के तैयार बा।

 

कश्मीरी गुलाबी चाय बनावे के सामग्री

•दु कप पानी

•दु लॉन्ग

•तीन गो इलायची

•दु कप दूध

•दु चम्मच चीनी

•एगो  टेबलस्पून पिस्ता

•एगो टेबल स्पून ग्रीन टी

•तनी सा बेकिंग

•दु गो केसर

•दुगो बादाम

•चुटकी भर गुलाबी रंग

गुलाबी चाय बनावे के विधि

गुलाबी चाय बनावे खातिर सबसे पहिले एगो पैन में पानी ली। अब ए पैन में इलाइची, लॉन्ग, ग्रीन टी, केसर, गुलाबी रंग डालके ए सब समान के अच्छा से मिला ली। ओकरे बाद एके गैस पर चढ़ाकर 2 से 3 मिनट तक पकाई। पकले के बाद एमें बेकिंग सोडा डालके अच्छा तरह से मिलाई अउर फिर इस मिश्रण के अलग रख दी। अब एगो दूसर पैन लेकर गैस पर चढ़ा दी। फिर पैन में अब दूध अउर चीनी डाली अच्छा तरह से उबाली । इ जब तनी सा  गाढ़ा हो जाई त गैस बंद कर दी। अब ऐमें पहिले से तईयार कईल गई मिश्रण डाल दी। हो गईल राउर गरम-गरम गुलाबी चाय बनके तईयार। आप चाहें त एकरे ऊपर से पिस्ता डाल सकत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]