Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बीएसएनएल के बानीं ग्राहक त रहीं सतर्क, साइबर अपराधी बना रहल बानें निशाना

92

अगर आप बीएसएनएल के ग्राहक हईं त सतर्क रहीं। साइबर अपराधी आजकल व्हाट्सएप मैसेज चाहे फोन कर केवाईसी अपडेट कइले के बहाने ठगी के शिकार बना रहल बानें। साइबर अपराधी लोग के नंबर बंद होखले के डर दिखा के एनी डेस्क ऐप डाउनलोड करे के सलाह दे रहल बानें। अइसन कई मामला में साइबर सेल अउर बीएसएनएल के कार्यालय में शिकायत कइल गइल रहे। ग्राहक लोग के सतर्क कs के उनके ठगी से बचावल जा रहल बा।

अगर रउआ मोबाइल पर सिम बंद होखले के मैसेज आ रहल बा, सावधान हो जाईं। अगर आपो केवाईसी अपडेट करा के नंबर चालू रखले के फेर में पड़नीं, त आप के खाता खाली हो सकsता।

साइबर थाना के निरीक्षक उपेंद्र सिंह बतवलें कि साइबर अपराधी लोग अब बीएसएनएल के उपभोक्ता लोग के निशाना बनवले बानें। फिलहाल त शिकायते मिलल बा। अभीन कौनो के ठगल गइले के सूचना नइखे। लेकिन, अइसे साइबर अपराध में फंसले से बचे खातिर उपभोक्ता लोग के जागरूक होखल जरूरी बा।

ऊ बतवलें कि साइबर अपराधी एनी डेस्क ऐप के सहारा लेने। अगर उपभोक्ता एनी डेस्क ऐप के डाउनलोड कर लेनें त उनकर फोन रिमोट के जरिये साइबर अपराधियन के कब्जा में चल जाला। एकरे बाद ऊ सीधे उनके बैंक खाता से धनराशि अपने खाता में ट्रांसफर करा लेनें। एकरे अलावा दूसर गोपनीय जानकारी उनके लग्गे चल जाला।

बीएसएनएल के प्रधान महाप्रबंधक विद्यानंद कहनें कि बीएसएनएल के नाम से अगर कौनो तरे के नंबर, खाता, केवाईसी, फाइबर लाइन के अलावा दूसर कुछ बोल के फोन आवे त उपभोक्ता सतर्क हो जाएं। अइसे में अपने नजदीकी बीएसएनएल दफ्तर जा के संपर्क कs लेईं। उहां उनके पूरा अउर सही जानकारी दे दीहल जाई।

430860cookie-checkबीएसएनएल के बानीं ग्राहक त रहीं सतर्क, साइबर अपराधी बना रहल बानें निशाना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.