[the_ad_group id="30365"]

सिद्धार्थनगर के मेडिकल कॉलेज में जल्दी चालू होई आईसीयू वार्ड, गंभीर मरीजन के होई फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिद्धार्थनगर के माधव प्रसाद त्रिपाठी मेडिकल कॉलेज से संबंध जिला अस्पताल में जल्दिए आईसीयू के सुविधा शुरू हो जाई। एकर कवायद शुरू हो गइल बा। भवन के काम अंतिम दौर में बा। वार्ड बनावे के काम शुरू हो जाई। आईसीयू वार्ड बनले से जिला के गंभीर मरीजन के फायदा होई। देश के अति पिछड़े जनपद के श्रेणी में शामिल सिद्धार्थनगर में स्वास्थ्य सेवा अभिन भी न के बराबर बा।

29 लाख के आबादी के इलाज के बोझ उठावे वाले जिला अस्पताल में आईसीयू तक के सुविधा नाइ बा। अइसे में हादसा अउर अन्य बीमारी के शिकार गंभीर रोगियन के प्राथमिक उपचार के बाद रेफर कs दिहल जाला।

अस्पताल के आंकड़न पर गौर कइल जाव त 24 घंटा में 10 अइसन मरीज आ जाने, जिनकर इलाज त डॉक्टरों के लग्गे होला, लेकिन आईसीयू में रखले के सुविधा न होखे के चलते विवश हो के उनके रेफर कs देनें। अब जल्दिए ई समस्या दूर होखे वाला बा। जिला अस्पताल के माधव प्रसाद त्रिपाठी मेडिकल कॉलेज से संबंध होखले के चलते सुविधा मेडिकल कॉलेज के तरह से बढ़ावल जा रहल बा।

एही क्रम में अस्पताल के नयका भवन में आईसीयू वार्ड बनावे के कवायद शुरू भइल बा। एह संबंध में कार्रवाई हो चुकल बा। एकरे बाद वार्ड बनवले के काम कइल जाई।

आईसीयू वार्ड बनावे खातिर काम चालू बा। शासन के ओर से वार्ड बनावे के स्वीकृति मिलल बा। मेडिकल कॉलेज के नयका भवन में वार्ड बनावल जाई। एह संबंध में कागजी कार्य पूरा कइल जा रहल बा।
डॉ. एके झा, प्राचार्य माधव प्रसाद त्रिपाठी, मेडिकल कॉलेज, सिद्धार्थनगर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]