[the_ad_group id="30365"]

पता नाइ काहें हिंदू-हिंदुत्व से नफरत करेने केजरीवाल आ उनकर गैंग, केंद्रीय मंत्री के AAP पर तंज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय कानून मंत्री किरेन रिजिजू अरविंद केजरीवाल अउर उनकर आम आदमी पार्टी पर तंज कसलें बानें। रिजिजू शनिचर के कहलें कि उनके समझ नाइ आवsता कि आखिर दिल्ली के मुख्यमंत्री अउर उनकर गैंग हिंदू अउर हिंदुत्व से एतना नफरत काहें करेने।

कानून मंत्री का बयान दिल्ली के सामाजिक कल्याण मंत्री राजेंद्र पाल गौतम के ओ वीडियो के बाद आइल बा, जेमें उनके हजारों लोग के बौद्ध धर्म में शामिल करावत दिखावल गइल रहल। आरोप बा कि एह कार्यक्रम में हिंदू देवी-देवता के निंदा भी कइले हलें। एके ले के भाजपा लगातार आम आदमी पार्टी अउर उसके नेता के घेर रहल बा।

इस पूरे घटनाक्रम के बीच रिजिजू अपने ट्विटर हैंडल से लिखलें, “हम राहुल गांधी के समझ सकतनीं। लेकिन अरविंद केजरीवाल भी। हर भारतीय के सबका साथ, सबका विकास, सबका विश्वास अउर सबका प्रयास के मंत्र अपनावे के चाहीं।”

गौरतलब बा कि आप नेता के वीडियो अइले के बाद भाजपा दिल्ली के मुख्यमंत्री पs निधाना साधत उनसे गौतम के मंत्रिमंडल से निकाले के मांग कइले रहनें। हालांकि, गौतम बयान जारी क के कहलें कि उ ‘‘बहुत धार्मिक व्यक्ति हवें अउर अपने कर्म अउर वचन से कौनो देवता के सपना में भी आलोचना/निंदा नाइ क सकतनी।’’

फिलहाल एह पर आम आदमी पार्टी चाहे दिल्ली सरकार के ओर से कौनो आधिकारिक प्रतिक्रिया नाइ आइल बा। लेकिन पार्टी सूत्र दावा कइलस कि मुख्यमंत्री एके ले के समाज कल्याण मंत्री गौतम से बहुते नाखुश बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]