[the_ad_group id="30365"]

Shiv Sena Crisis: उद्धव गुट चुनाव आयोग के सउपलस चुनाव चिह्न के विकल्प, साँझ के शिंदे खेमा के अहम बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई के अंधेरी ईस्ट में होखे वाला उप-चुनाव खातिर उद्धव ठाकरे अपना पार्टी के नाम आ निशान के सूची चुनाव आयोग के सउप देले बाड़े। मातोश्री में उद्धव गुट के नेता लोग के बैठक में चुनाव आयोग के निरदेस के मोताबिक पार्टी के नया नाम आ चिह्न प चर्चा भइल। देर साँझ मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे एगो अहम बैठक करे वाला बाड़े।

शिवसेना (उद्धव गुट) के सांसद अरविंद सावंत बतवले कि हमनी के पार्टी के नाम शिवसेना ह। जदि चुनाव आयोग शिवसेना (बालासाहेब ठाकरे)’, ‘शिवसेना (प्रबोधनकर ठाकरे)’ भा ‘शिवसेना (उद्धव बालासाहेब ठाकरे)’ सहित शिवसेना से संबंधित कवनो नाम देत बा, त उ हमनी के स्वीकार्य होई।

ऊ कहले कि चुनाव आयोग हमनी के चुनाव चिन्ह के सील क देले बा। उ हमनी से चिन्ह के सुझाव मंगले रहे जवना प उद्धव ठाकरे ‘त्रिशूल’, ‘मशाल’ आ  ‘उगता सूरज’ चिन्ह चुनाव आयोग के देले बाड़े। चुनाव आयोग तय क के चुनाव चिन्ह दिही।

एकरा पहिले सनीचर के चुनाव आयोग शिवसेना के नाम आ चुनाव चिह्न माने तीर-कमान प फिलहाल रोक लगा देले रहे। आवे आला उपचुनाव में दुनो में से कवनो गुट एह चुनाव चिह्न के उपयोग ना क पाई। चुनाव आयोग दुनो गुटन से कहले रहे था कि उ उपचुनावन खातिर अधिसूचित फ्री सिंबल के लिस्ट से अलग-अलग चुनाव चिह्न चुने आ दस तारीख तक बता देवे।

असल में, तीन नवंबर के महाराष्ट्र के अंधेरी ईस्ट विधानसभा सीट प उपचुनाव होखे वाला बा। एह सीट से अब तक शिवसेना के रमेश लटके विधायक थे रहले। रमेश अपने परिवार के संगे दुबई गइल रहस, जहां दिल के दौरा पड़ला के कारण 12 मई के उनकर निधन हो गइल।

चुनाव आयोग तीन नवंबर के इहां उपचुनाव करावे के फसीला लेले बा। एकरा खातिर शिंदे गुट आ भाजपा मिलके इहां से पूर्व पार्षद मुरजी पटेल के आपन संयुक्त उम्मीदवार बनवले बा। पटेल के सोझा उद्धव गुट के उम्मीदवार होई। उद्धव गुट के कांग्रेस, एनसीपियो के समर्थन मिलल बा। उद्धव ठाकरे के हटला आ शिंदे के मुख्यमंत्री बनला के बाद ई पहिला चुनाव ह, अइसन में दुनो गुटन खातिर ई चुनाव कवनो अग्नि परीक्षा से कम नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]