EPFO बिना UAN के PF अकाउंट से पईसा निकाले के देला सुविधा, स्टेप बाय स्टेप जानीं पूरा प्रोसेस
EPFO अपना सदस्यन UAN के बिना पैसा निकाले के सुविधा देला। ओहिजा रउआ बिना यूएएन के ईपीएफओ पोर्टल भा फेर आधिकारिक नंबर पs पंजीकृत मोबाइल से मिस्ड कॉल देके पीएफ के बैंलेस पता कर सकत बानी।
कर्मचारी भविष्य निधि संगठन (Employees’ Provident Fund Organisation- EPFO) अपना से जड़ल सब सदस्यन के यूनीवर्सल अकाउंट नंबर (Universal Account Number- UAN) के माध्यम से आपन ईपीएफ बैंलेस चेक आ फंड के निकासी करे के अनुमति देला।
जादतर ममिलन में यूएएन नंबर कर्मचारियन के अपना कंपनी से मिल जाला, बाकिर कइयन बेर कंपनी के बंद होखला भा फेर कवनो आउर वजह से कर्मचारी के यूएएन नइखे मिल पावत, तs अइसनो स्थिति में ऊ ईपीएफओ से मिले वाला सुविधन के लाभ उठा सकत बा।
एह तरीकन से पता कर सकत बानी बैलेंस
पीएफ के बैंलेस पता करे खातिर रउआ ईपीएफओ के पोर्टल पs लॉगइन कs सकत बानी। एकरा अलावे रउआ अपना पीएफ अकाउंट में पंजीकृत मोबइल नंबर से 011-229014016 पs मिस्ड कॉल देके आपन पीएफ बैंलेस पता कs सकत बानी। हालांकि एकरा खातिर रउआ आपन यूएएन नंबर एक्टिव करावे के होई आ केवाईसी करानी होगी।
बिना UAN के कइसे पीएफ से निकली पईसा?
अगर रउआ लगे यूएएन नइखे, एकरा बादो पीएफ से पईसा निकाल सकत बानी। एकरा खातिर रउआ नीचे दिहल गइल स्टेप के पालन करे के होई।
1. यूएएन न होखला के स्थिति में रउआ स्थानीय पीएफ ऑफिस जाके पीएफ निकासी के फॉर्म भरे के होई।
2. एकरा खातिर रउआ इंटरनेट से आधार आधारित कम्पोजिट भा नॉन-कम्पोजिट फॉर्म डाउनलोड करे के होई।
3. आधार आधारित कम्पोजिट के भरके सीधे पीएफ ऑफिस में जमा करा सकत बानी। ओहिजा, नॉन-कम्पोजिट फॉर्म के रउआ अपना नियोक्ता से सत्यापन करावे के होई। एकरा बाद राउर फॉर्म जमा हो जाई।
इहां ई इयाद रखल जरूरी बा कि पीएफ में अपना जरूरत के मोताबिक धन के निकासी कइल जा सकत बा। रिटायरमेंट के समय आपन पूरा धन निकाल सकत बानी।
ऑनलाइन पीएफ के कइसे करी निकासी
रउआ ऑनलाइन प्रक्रिया के माध्यम से ऑनलाइने आपन पीएफ निकाल सकत बानी, बाकिर एकरा खातिर रउआ लगे एगो सक्रिय यूएएन नंबर के आवश्यकता होई। एकरा संगही राउर पीएफ अकाउंट आधार, पैन आ बैंक खाता से जुड़ल होखे के चाहीं।
Comments are closed.