Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bithday Special: जानीं सचिन के उ पांच रिकॉर्ड्स जवना के तुड़ल बा बहुते मुश्किल, अगरी-कगरी तक नइखे कवनो बल्लेबाज

50th Birthday of Sachin Tendulkar: क्रिकेट के भगवान कहल जाये वाला सचिन तेंदुलकर के नावे पांच अइसन रिकॉर्ड्स दर्ज बा जवना के टूटल लगभग असंभव नजर आवेला। सचिन इंटरनेशनल क्रिकेट में शतकन के शतक जमावे वाला दुनिया के इकलौता बल्लेबाज हवे।

2,486

क्रिकेट के भगवान कहल जाये वाला सचिन तेंदुलकर आज आपन 50वां जन्मदिन मना रहल बाड़ें। मास्टर ब्लास्टर, लिटिल मास्टर आ ना जाने केतना नावन से मशहूर सचिन अपना इंटरनेशनल करियर के दौरान 22 गज के पिच पs एकतरफा राज कइलें। 22 साल के लमहर करियर में पूर्व भारतीय बल्लेबाज अइसन मुकाम हासिल कइलें, जवना के तुड़ल सायद दुनिया के कवनो बल्लेबाज खातिर आसान ना होई। आईं  रउआ के बतावत बानी मास्टर ब्लास्टर द्वारा बनावल गइल अइसने पांच रिकॉर्ड्स के बारे में, जवना के टूटल असंभव लेखा लउकेला।

1. टेस्ट आ वनडे में सर्वाधिक रन

सचिन तेंदुलकर अपना इंटरनेशनल करियर में 200 टेस्ट तs 463 वनडे मुकाबला खेललें, जवन एगो वर्ल्ड रिकॉर्ड बा। सचिन क्रिकेट के सबसे लमहर फॉर्मेट में 200 मैच खेले वाला दुनिया के इकलौता बल्लेबाज बाड़ें। सचिन अपना टेस्ट करियर में कूल 329 पारियन में 53.78 के औसत से 15,921 रन बनवलें। ओहिजा, वनडे में लिटिल मास्टर के बल्ला से 18,426 रन निकलल। टेस्ट आ वनडे में कवनो बल्लेबाज सचिन के एह रिकॉर्ड के अगरी-कगरी ले नजर नइखे आवत।

2. शतकन के शतक

इंटरनेशनल क्रिकेट में शतकन के शतक जमावे वाला सचिन तेंदुलकर इकलौता बल्लेबाज बाड़ें। सचिन के एह रिकॉर्ड के तुडल दुनिया के कवनो बल्लेबाज के बस के बात नजर नइखे आवत। सचिन ने टेस्ट क्रिकेट में 51 आ वनडे फॉर्मेट में कुल 49 सेंचुरी जमवले बाड़े। हालांकि विराट कोहली वनडे के 49 शतकन के रिकॉर्ड के तुड़े के निचिका जरूर बाड़ें।

3. सबसे जादा वनडे आ टेस्ट मैच खेले के रिकॉर्ड

22 साल के लमहर करियर में सचिन तेंदुलकर 200 टेस्ट मैच आ 463 वनडे मुकाबला खेललें। सचिन इंटरनेशनल क्रिकेट में एह दुनो फॉर्मेट में सबसे जादे मैच खेले वाला बल्लेबाज बाड़ें। टी-20 के लगातार बढ़त लोकप्रियता के देखते वर्ल्ड क्रिकेट में सायदे कवनो बल्लेबाज सचिन के एह रिकॉर्ड के बराबरी कs पाई।

4. टेस्ट क्रिकेट में सर्वाधिक बाउंड्री

सचिन तेंदुलकर अपना करियर में कुल 200 टेस्ट मैच खेललें आ एह दौरान 51 शतक आ 68 फिफ्टी जमवलें। सचिन के नावे टेस्ट क्रिकेट में सबसे अधिका बाउंड्री लगावे के रिकॉर्ड दर्ज बा। मास्टर ब्लास्टर सफेद जर्सी में खेलत 2,127 बेर बॉल के बाउंड्री लाइन के पार पहुंचवलें बाड़े, जेमे 2058 चौका तs 69 गगनचुंबी छक्का सामिल रहे।

5. सबसे जादे वर्ल्ड कप खेले के रिकॉर्ड

सचिन तेंदुलकर के नावे सबसे जादे वर्ल्ड कप खेले के रिकॉर्ड दर्ज बा। सचिन अपना इंटरनेशनल करियर में कुल छव वर्ल्ड कप खेलले आ आखिरी विश्व कप में ऊ टीम इंडिया के चैंपियनो बनावे में सफल रहलें। सचिन आपन पहिला वर्ल्ड कप साल 1992 में खेलले रहस। एकरा बाद ऊ 1996, 1999, 2003, 2007 आ 2011 वर्ल्ड कप टीम के हिस्सा रहलें।

527000cookie-checkBithday Special: जानीं सचिन के उ पांच रिकॉर्ड्स जवना के तुड़ल बा बहुते मुश्किल, अगरी-कगरी तक नइखे कवनो बल्लेबाज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.