Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सपा MLA दारा सिंह चौहान के विधायकी से इस्तीफा: भाजपा ज्वॉइन कs के मऊ से लड़िहें चुनाव; मंत्री पद छोड़के सपा में भइल रहलें सामिल

992

सपा से विधायक दारा सिंह चौहान सनीचर के विधायक पद से इस्तीफा दे देलस। विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना उनकर इस्तीफा स्वीकार कs लेलें। इस्तीफा देला के करीब 8 घंटा बाद ऊ दिल्ली पहुंच गइलें आ केंद्रीय मंत्री अमित शाह से मुलाकात कइलें।

दरअसल, दारा सिंह फेर से भाजपा में सामिल होइहें आ मऊ से लोकसभा चुनाव लड़िहें। दारा सिंह चौहान विधानसभा चुनाव से पहिले वन आ पर्यावरण मंत्री पद छोड़के सपा में सामिल भइल रहस।

बसपा से सुरू कइले रहस राजनीतिक करियर

दारा सिंह चौहान आपन राजनीतिक करियर बसपा से सुरू कइले रहस। 1996 आ 2000 में दारा सिंह राज्यसभा के सदस्य रह चुकल बा। 2009 के लोकसभा चुनाव दारा सिंह बसपा के टिकट पs घोसी सीट से लड़लें आ जीतलें रहस। 2015 में दारा सिंह भाजपा ज्वॉइन कइलें आ 2017 के यूपी विधानसभा चुनाव लड़लें। एकरा बाद 2022 में भाजपा से इस्तीफा देके सपा में सामिल हो गइलें।

ई तस्वीर दारा सिंह चौहान के सपा ज्वॉइनिंग के बेरा के हs। साथ में सपा प्रमुख अखिलेश यादव बाड़ें।

दारा सिंह के मऊ समेत 20 जिलन में प्रभाव

राजनीतिक जानकारन के मानीं तs दारा सिंह चौहान समाज के बड़ नेता हवे। उनकर असर मऊ समेत 20 जिलन में बा। अइसन में भाजपा में उनकर आइल, लोकसभा चुनाव के मद्देनजर फायदेमंद साबित हो सकत बा। सपा में सामिल होखला के बाद दारा सिंह भाजपा पs जमके हमला बोलले रहस। ऊ कहलें रहस कि 2017 में भाजपा के सरकार बनल, तs नारा देलस कि सबकर साथ सबकर विकास। बाकिर, साथ तs सबकर लेलस, बाकिर विकास कुछे लोगन के कइल।

ऊ कहले रहस कि हम आपन जिम्मेदारी पूरा मन से निभवनी, बाकिर सरकार किसानन, पिछड़न, वंचितन, बेरोजगारन के उपेक्षा कs रहल बिया। एकरा अलावे पिछड़न आ दलितन के आरक्षण के लेके जवन खिलवाड़ हो रहल बा, ओकरा से हम आहत बानी। एही वजह से मंत्रिमंडल से इस्तीफा देत बानी।

इहे उ लेटर बा, जवन दारा सिंह चौहान के तरफ से भेजल गइल बा।
600530cookie-checkसपा MLA दारा सिंह चौहान के विधायकी से इस्तीफा: भाजपा ज्वॉइन कs के मऊ से लड़िहें चुनाव; मंत्री पद छोड़के सपा में भइल रहलें सामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.