[the_ad_group id="30365"]

वीएम हाई स्कूल में नवनियुक्त शिक्षकन में बंटल जोगदान पत्र : 19 अलग काउंटर बनावल गइल, 2566 टीचर्स में बंटल पदस्थापना लेटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार लोक सेवा आयोग कावर से शिक्षक भर्ती परीक्षा के दूसरका चरण आ पहिला चरण के पूरक परीक्षा में नवचयनित शिक्षकन के बीच आज विद्यालय पद स्थापना सह योगदान पत्र के वितरण कइल गइल। विद्यालय पदस्थापना सह जोगदान पत्र प्राप्त कs के सब नव चयनित शिक्षक बहुते खुश नजर आइल लो।

शहर के वीएम हाई स्कूल सह इंटर कॉलेज परिसर में पदस्थापना सह जोगदान पत्र के वितरण कइल गइल बा। एकरा खातिर कुल 19 अलग-अलग काउंटर बनावल गइल बा। जिला भर में कुल 2566 नवपदस्थापित शिक्षकन के बीच विद्यालय पदस्थापना पत्र के वितरण होखे के बा।

पहिला चरण के शिक्षक भर्ती के पूरक परीक्षा में चयनित कुल 53 आ दूसरका चरण के शिक्षक भर्ती परीक्षा के कुल 2513 नवचयनित शिक्षकन के बीच पदस्थापना सह जोगदान पत्र के वितरण कइल जाये के बा। एकरा खातिर अलग-अलग विषय खातिर अलग-अलग काउंटर बनावल गइल बा। पदस्थापना सह जोगदान पत्र प्राप्त करे खातिर सबेरे से नव चयनित अभ्यर्थियन के भीड़ इकट्ठा होखे लागल रहे। हाथ में विद्यालय पदस्थापना सह जोगदान पत्र पाके शिक्षक के बहुत खुश नजर आइल लो। एह सब के बीच नियुक्ति पत्र के वितरण पहिलही कइल जा चुकल रहे। विद्यालय आवंटन के बाद सब के बीच पदस्थापना सह जोगदान पत्र के वितरण कइल गइल बा।

प्रभारी जिला शिक्षा पदाधिकारी राजेंद्र सिंह बतवलें कि कवनो कारणवश कवनो शिक्षक जदि आज जोगदान पत्र प्राप्त नइखे करत बा तs अगिला दिन से जिला शिक्षा कार्यालय में पहुंचके आपन जोगदान पत्र ले सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]