[the_ad_group id="30365"]

नाश्ता में बनाई मलाई सैंडविच, ल‌इके पिज्जा के डिमांड क‌इल भूल ज‌‌इहें, जानीं रेसिपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ज्यादातर घरन में नाश्ता में ब्रेड आ ओसे बनल चीज बना के खाइल जाला।ल‌इकन के सबसे ढेर सैंडविच पसंद होला। ब्रेड से आलू टोस्ट, वेज सैंडविच, चीज सैंडविच, दही सैंडविच आ मलाई सैंडविच बनावल जाला। सैंडविच में प्याज, शिमला मिर्च, कॉर्न आ अपने पसंदीदा सब्जि कs उपयोग क‌ई सकेनी । आजू हम आपके फटाफट बनावे वाला क्रीमी आ टेस्टी मलाई सैंडविच बनावल बतावत बानी। एs सैंडविच के आगे चीज पिज्जा के स्वाद फीका लागी। जानीं क‌इसे बनावल जाला मलाई सैंडविच?

मलाई सैंडविच बनावे खातिर का-का चाहि?

मलाई सैंडविच बनावे खातिर ब्रेड, 2-3 दिन के ताजा मलाई, शिमला मिर्च, प्याज, टमाटर, कॉर्न, लाल मिर्च, काली मिर्च, ऑरिगैनो, नमक, टोमैटो सॉस आ बटर चाहि।

मलाई सैंडविच बनावे के रेसिपी

•सबसे पहिले सब्जि के बारीक काट लेंईं आ एके मलाई में मिला ल‌ईं।

•मलाई में नमक, मिर्च आ ऑरिगैनो अपने स्वाद के हिसाब से मिक्स क‌s ले‌ईं।

•अब एगो ब्रेड के स्लाइस लेंई आ ओ पs टोमैटो कैचअप लगाईं आ फेर एकरे ऊपर त‌इयार क‌इल बैटर लगा देंईं।

•मलाई वाला मिक्सचर आप अपने हिसाब से कम ढेर रख सकेनी।

•अब ऊपर से तनी सा ऑरिगैनो डालीं आ ऊपर से एक ब्रेड आ लगा देंईं।

•अब एके तावा पs थोड़ा बटर लगा‌के दुनों तरफ से अच्छी तरह सेंक लेंईं।

•अगर आपके पास सैंडविच मेकर बा तs ओमें बटर लगा के सेंक लेंईं।

•सैंडविच के पसंदीदा शेप में काट लेंईं आ सॉस के साथे सर्व करीं।

•ल‌इकन से ले‌के बड़हन ले सबके मलाई सैंडविच के स्वाद खूब पसंद आई।।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]