[the_ad_group id="30365"]

आम डाल के दही जमवले बानी कबो, एs ट्रिक से घरवे में बना सकेनी मैंगो योगर्ट, जान लेंई ई स्पेशल तरीका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गरमी में दही खाइल सेहत खातिर अच्छा होला । दही ख‌इले से पेट में गुड बैक्टीरिया के बैलेंस ठीक रहेला। एसे पेट के गरमी शांत होला आ डाइजेशन बेहतर होला, बाकीर कई बेर ल‌इकन के प्लेन दही के स्वाद पसंद नाहीं आवेला। दूध आ दूध से बनल दही के देखते ही मुंह बनावे लागेना। एकर वजही हs कि ल‌इकन के कलरफुल चीज ढेर अट्रैक्ट करेला ।अइसे में आप अपने लाड़ला के खातिर आम वाला फ्लेवर्ड दही जमा सकेनी । एकर स्वाद मार्केट में मिले वाला योगर्ट से कहीं ढेर नीक लगेला। आजू हम आपके आम डाल के दही जमावल बता‌इब । ई एकदम न‌या रेसिपी हs एके आप जरूर ट्राई करीं।

आम डाल के दही क‌इसे जमा सकेनी

•आम वाला दही जमावे खातिर सबसे पहिले रउरा दूध के अच्छा तरह से उबाल‌के हल्का गाढ़ा क‌s लेंईं।

•अब दूध के ठंडा होखे देंईं। गरमी में गुनगुना टेंपरेचर पs दही अच्छा जमेला तs दूध के इतने ठंडा करीं।

•अब एगो बड़हन आम लेंईं आ मीडियम साइज कs रहे तs 2 गो आम लेंली.

•आम के छील लेंईं आ गुठली निकाल के पल्प निकाल लेंईं। अब एके मिक्सी में थोड़ा चीनी डाल‌के पीस लेंईं।

•जब दूध ठंडा हो जाए तs एमें अच्छा तरह से पिसल आम वाला पल्प डाल देंईं।

•दुनों चीजन के अच्छा तरह से मिक्स क‌s लेंईं आ फिर एके जमावे वाला बर्तन में डाल देईं।

•गरमी में अगर कवनो चौड़ा बर्तन ज‌इसे बाउल में दही जमाइभ तs ढेर नीक जमीं।

•अब दूध आ आम के मिश्रण में 1 बड़हन चम्मच दही डाल‌के कवर क‌s के एक साइड रख देंईं.

•एके करीब 5 घंटा के खातिर एके जगह पs बिना हिल इले रखीं जेसे एकदम गाढ़ा दही जाम जाए।

•अब एक बेर देख लेंईं अगर लागे कि दही अबो ठीक से जामल नाहीं बा तs कवनो गरम जगही पs रख देंईं।

•आप माइक्रोवेव आ कवनो डब्बा में दही के बर्तन के रख सकेनी। एसे बहुत जल्दी दही जम जाई।

•अब तैयार आम वाला दही के फ्रिज में ठंडा होखे खातीर रख देंईं।

•ल‌इकन के फ्लेवर्ड मैंगो योगर्ट खाना के साथे खिलाईं आ आपो खाईं ई स्पेशल आम वाला दही।

•आप एके सजावे के खातिर ऊपर से कटल कुछ आम के बारीक टुकड़ा डाल देईं।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]