[the_ad_group id="30365"]

Airtel दे रहल बा फ्री अनलिमिटेड 5G डेटा, अइसे कs सकत बानी क्लेम! जानीं एकर पूरा प्रोसेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एयरटेल के ओर से यूजर्स के फ्री अनलिमिटेड डेटा ऑफर कइल जा रहल बा। हालांकि, एकरा खातिर रउआ न्यूनतम 239 रुपिया के प्लान रिचार्ज करावे के होई। एह तरे एयरटेल के प्री-पेड आ पोस्टपेड यूजर मुफ्त में अनलिमिटेड 5G डेटा के लुत्फ उठा पाई लो। बता दीं कि एयरटेल के ओर से फिलहाल कवनो डेली लिमिट नइखे ऑफर कइल जात। हालांकि, सवाल उठत बा कि आखिर कइसे फ्री 5G डेटा के लुत्फ उठावल जाव।

अइसे एक्टिवेट करीं एयरटेल 5G डेटा

  1. सबसे पहिले एंड्रॉइड आ iOS डिवाइस में Airtel App ओपन करीं।
  2. एह ऐप के स्क्रॉल करेम, तs रउआ क्लेम अनलिमिटेड 5G डेटा के ऑप्शन लउकी। एकरा बाद रउआ एगो ऐरो लउकी, जवना पs क्लिक करे के होई।
  3. ऐप पs क्लिक कइला के बाद एगो नया पेज खुली, जवना के नीचे के तरफ फ्री में 5G डेटा के सूचना मिली।
  4. फेर नीचे के तरफ स्क्रॉल करेंम, तs क्लेम नाउ के ऑप्शन लउकी, जवना पs रउआ क्लिक करे के होई।

कवन यूजर उठा पाई लो 5G डेटा के लुत्फ

  • एयरटेल के फ्री 5G डेटा के खातिर रउआ लगे 239 रुपिया भा ओकरा से जादे के रिचार्ज होखे के चाहीं।
  • राउर स्मार्टफोन 5G इनेबल्ड होखे के चाहीं। संगही रउआ इलाका में 5G सर्विस उपलब्ध होखे के चाहीं।
  • एयरटेल 5G ऑफर एक्टिवेट होखला के सूचना राउर मोबाइल नंबर पs दिहल जाई।

नोट – बता दीं कि 365 शहरन में एयरटेल 5G सर्विस के रोलआउट कs दिहल गइल बा। कंपनी के दावा बा कि 4G के मुकाबले 5G में 30 गुना फास्ट स्पीड मिली। कंपनी के दावा बा कि ओकरा तरफ से साल 2024 तक समूचा देस में 5G सर्विस के रोलआउट कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]